Gorakhpur: शो स्टॉपर में छात्रा लो देखवली प्रतिभा, खुशी रहली अव्वल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 2, 2024

  गोरखपुर। यायावरी वाया भोजपुरी के अंतर्गत ‘यायावरी क्लब’ आ गंगोत्री देवी महिला पीजी कॉलेज के संयुक्त तत्वावधान में आयोजित महिला सशक्तिकरण खातिर समर्पित ‘शो स्टॉपर’ के आयोजन कइल गइल. एकरा तहत छात्रा विभिन्न क्षेत्र

Share

महिला सशक्तिकरण पs समर्पित 'शो स्टॉपर' के आयोजन: फोटो

 

गोरखपुर। यायावरी वाया भोजपुरी के अंतर्गत ‘यायावरी क्लब’ आ गंगोत्री देवी महिला पीजी कॉलेज के संयुक्त तत्वावधान में आयोजित महिला सशक्तिकरण खातिर समर्पित ‘शो स्टॉपर’ के आयोजन कइल गइल. एकरा तहत छात्रा विभिन्न क्षेत्र में सफल महिला लो के वेषभूषा में उनकर सफलता पेश कईली। प्रतियोगिता में खुशी प्रथम, प्रकीता द्वितीय, रुचिता तृतीय आ मुस्कान के सांत्वना पुरस्कार मिलल।

ऐसे पहिले यायावरी क्लब के तहत आयोजित एह आयोजन में मुख्य अतिथि स्वर संस्थापक अर्पिता उपाध्याय, कॉलेज प्रबंधक आशुतोष मिश्रा, प्राचार्य डॉ.पूनम शुक्ल, उप प्राचार्य डॉ.प्रियंका त्रिपाठी, डॉ.सीमा श्रीवास्तव, गौरव मणि त्रिपाठी जी माँ सरस्वती के चित्र पs माल्यार्पण कs कार्यक्रम के विधिवत शुरुआत कइले लो.

एह कार्यक्रम के संचालन डॉ. सीमा श्रीवास्तव कइली. एह कार्यक्रम में सुधीर कुमार मिश्र, सोनू किशोर, अनुराग रंजन आ एह विद्यालय के शिक्षक गण अउरी भारी संख्या में छात्रा लोग मौजूद रहली.

कार्यक्रम के संबोधित करत प्रबंधक आशुतोष मिश्रा कहले कि “भोजपुरी हमनी के माटी के भाषा हs। महिला सशक्तिकरण में भी हमनी के क्षेत्र के कवनो जोड़ नईखे। एह प्रकार के आयोजन से छात्र लोग के आगे बढ़े के प्रेरणा मिलेला।”

एह कार्यक्रम में भाग लेवे वाली छात्रा मनीषा पाण्डेय,शकीना, रोशनी शर्मा, शैली सिंह, गौरी, मुस्कान साहनी, आकांक्षा यादव, अनुष्का सिंह,खुशी त्रिपाठी, करीना साहनी, आरती, गरीमा त्रिपाठी, साक्षी त्रिपाठी, प्रकीता यादव, अनुष्का पाण्डेय, शाहीना खातून ,मीना विश्वकर्मा, रुचिता मिश्रा, मोनिका यादव के यायावरी क्लब द्वारा सर्टिफिकेट दिहल गइल.

छात्रा लो सुष्मिता सेन, मां दुर्गा, पत्रकार, शिक्षक, सावित्री बाई फुले, झांसी की रानी, पीवी सिंधू, मिताली राज, किरण बेदी, फातिमा बीबी आदि के रोल अदा कईलीं।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.