19 जुलाई: जानि देश-दुनिया के इतिहास में का भइल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 19, 2024

दरअसल, पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी 19 जुलाई 1969 के 14 निजी बैंक के राष्ट्रीयकरण कइले रहली। एह बैंकन पर अधिकतर बड़हन औद्योगिक घर के नियंत्रण रहे। राष्ट्रीयकरण के दूसरा दौर 1980 में आइल जवना के

Share

दरअसल, पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी 19 जुलाई 1969 के 14 निजी बैंक के राष्ट्रीयकरण कइले रहली। एह बैंकन पर अधिकतर बड़हन औद्योगिक घर के नियंत्रण रहे। राष्ट्रीयकरण के दूसरा दौर 1980 में आइल जवना के तहत सात गो अउरी बैंक के राष्ट्रीयकरण भइल । विशेषज्ञ के मानना बा कि राष्ट्रीयकरण के बाद भारत के बैंकिंग क्षेत्र में अभूतपूर्व प्रगति भइल।

देश के बैंकिंग इतिहास में 19 जुलाई के महत्वपूर्ण मानल जाला। दरअसल, पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी 19 जुलाई 1969 के 14 निजी बैंक के राष्ट्रीयकरण कइले रहली। एह बैंकन पर अधिकतर बड़हन औद्योगिक घरन के नियंत्रण रहे। राष्ट्रीयकरण के दूसरा दौर 1980 में आइल जवना के तहत सात गो अउरी बैंक के राष्ट्रीयकरण भइल। विशेषज्ञ के मानना बा कि राष्ट्रीयकरण के बाद भारत के बैंकिंग क्षेत्र में अभूतपूर्व प्रगति भइल। भारत में कई गो विदेशी आ निजी क्षेत्र के बैंक सक्रिय बाड़े, बाकी एगो अनुमान के मुताबिक बैंक के सेवा लेवे वाला करीब 90 प्रतिशत लोग अभी भी सिर्फ सार्वजनिक क्षेत्र के बैंक के सेवा लेवेले।

 

देश आ दुनिया के इतिहास में 19 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

1763 : पश्चिम बंगाल के कटवा इलाका में ब्रिटिश सेना बंगाल के शासक मीर कासिम के हरा दिहलस।

1827 : भारतीय स्वतंत्रता संग्राम के अग्रदूत मंगल पांडेय के जनम।

1848 : न्यूयार्क के सिनिका फॉल्स में पहिला महिला अधिकार अधिवेशन के आयोजन भइल।

1870 : फ्रांस प्रशिया के खिलाफ युद्ध के घोषणा कइलस।

1900 : फ्रांस के राजधानी पेरिस में पहिला मेट्रो ट्रेन चलल। दुनिया के पहिला मेट्रो सेवा लंदन में शुरू हो गइल रहे।

1940 : एडोल्फ हिटलर ग्रेट ब्रिटेन के आत्मसमर्पण करे के आदेश दिहलन।

1969: अपोलो द्वितीय के अंतरिक्ष यात्री नील आर्म स्ट्रॉन्ग आ बज़ एल्ड्रिन अंतरिक्ष यान से बाहर निकल के चंद्रमा के कक्षा में चलत बाड़े।

1969 : भारत सरकार देश के चौदह गो बड़का बैंकन के राष्ट्रीयकरण कइलस।

1974 : क्रांतिकारी उधम सिंह के राख लंदन से नई दिल्ली ले आवल गइल।

1976 : नेपाल में सागरमाथा पार्क के निर्माण भइल।

2001 : नेपाल के प्रधानमंत्री गिरिजा प्रसाद कोइराला अपना पद से इस्तीफा दे दिहले।

2001 : अफगानिस्तान में ताश, लिपस्टिक, नेल पॉलिश आ शतरंज समेत 30 गो सामान के आयात पर रोक लगा दिहल गइल।

2003 रूसी अंतरिक्ष यात्री यूरी माली थांको अंतरिक्ष में बियाह करे वाला पहिला व्यक्ति बनलें।

2005: पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह अमेरिकी कांग्रेस के संबोधित कइले।

2008 : अमेरिका एगो लंबा दूरी के मिसाइल के परीक्षण कइलसि जवन प्रशांत महासागर में निशाना बनावे में सक्षम रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.