Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एह जरत तस्वीरन में स्वाहा हो गइल रेलवे के 259 करोड़ रुपया

हड़ताल आ आंदोलन के चलते 4 साल में रेलवे के 1376 करोड़ रुपया के नुकसान

270
Google Ads 300*250 for posts

भारतीय रेलवे रियायत के एगो दूसर नाम ह। रेलवे हमनी से आधा लागत टिकट के रूप में लेवेला। लेकिन बदला में ओकरा का मिल रहल बा? कबो हड़ताल, कबो आंदोलन, कबो ताकत के अभिव्यक्ति खातिर… रेलवे के संपत्ति निशाना बन जाला। आखिर रेलवे के संपत्ति में आगजनी, तोड़फोड़ से कवन मकसद पूरा होखेला? सिर्फ पछिला महीना पूरा देश में तीनों सेवा में बहाली खाती बनल नाया योजना ‘अग्नीपथ’ के विरोध के नाम प जरावल गईल ट्रेन के तस्वीर देखाई देलस। ‘अग्नीपथ’ के खिलाफ कथित विरोध प्रदर्शन के आग में रेलवे के 260 करोड़ रुपया के नुकसान भईल।

रेलवे के 259.44 करोड़ के संपत्ति के नुकसान

रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव बुध का दिने लोकसभा में लिखित जवाब में कहले कि एह साल रेलवे के आगजनी आ तोड़फोड़ का चलते 259.44 करोड़ के नुकसान भइल बा. ई आंकड़ा खाली संपत्ति के नुकसान खातिर बा. विरोध प्रदर्शन के दौरान बड़ पैमाना प ट्रेन के रद्द क दिहल गईल, रेल सेवा प्रभावित भईल। एकरा चलते रेलवे के जवन रिफंड यात्रियन के देबे के पड़ल ऊ एहमें शामिल नइखे.

14 जून से 22 जून तक यात्री के 103 करोड़ रुपया रिफंड के रूप में देवे के रहे

वैष्णव कहले कि 14 जून से 22 जून तक ट्रेन रद्द होखला के चलते कुल 102.96 करोड़ रुपया के रिफंड कईल गईल। एही दौरान अग्निपथ योजना के खिलाफ प्रदर्शन भईल।

हड़ताल आ आंदोलन के चलते 4 साल में रेलवे के 1376 करोड़ रुपया के नुकसान

रेल मंत्री सदन में बतवले कि हड़ताल अवुरी आंदोलन के चलते साल 2019-20 में रेल के 151 करोड़ के नुकसान भईल। एही तरे साल 2020-21 में 904 करोड़ अवुरी 2021-22 में 62 करोड़ के घाटा भईल। ए साल सिर्फ अग्निपथ योजना के खिलाफ आंदोलन के दौरान 260 करोड़ रुपया के रेलवे के संपत्ति नष्ट हो गईल। ए तरीका से 2019 से अब तक रेलवे के 1376 करोड़ के नुकसान भईल बा।

मंत्री कहले कि हड़ताल अवुरी आंदोलन के चलते 2019-20 में रेलवे के 151 करोड़, 2020-21 में 904 करोड़ अवुरी 2021-22 में 62 करोड़ के नुकसान भईल बा।

‘अग्नीपथ’ विरोध प्रदर्शन के आग में 2 लोग के जान तबाह, 35 घायल
रेल मंत्री अपना जवाब में कहले कि, अग्निपथ योजना के खिलाफ देशव्यापी विरोध प्रदर्शन के दौरान रेल परिसर में दु लोग के मौत हो गईल। 35 लोग घायल हो गइल बा. रेलवे परिसर में भइल हिंसा आ आगजनी का मामिला में देश भर में 2642 लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल. रेलवे के संपत्ति के नुकसान के मामला में 2019 में 95, 2020 में 30 अवुरी 2021 में 34 मामला दर्ज भईल। उ कहले कि चालू साल में कानून व्यवस्था के स्थिति के चलते रेलवे के संपत्ति के सबसे जादा नुकसान बिहार अवुरी तेलंगाना में भईल बा।

रेलवे टिकट के रूप में लागत के करीब आधा ही लेवेला

रेलवे के खाली सवारी गाड़ी से नुकसान होला. मालगाड़ी से कमाई ना करित त फेर रेलवे भट्ठा बईठ जाता। रेलवे हर यात्री से औसत यात्रा लागत के आधा मात्र टिकट के रूप में लेवेला। अश्विनी वैष्णव बुध का दिने लोकसभा में एम आरिफ के एगो सवाल के लिखित जवाब में भी एकर जिक्र कइले बाड़न. उ कहले कि, वरिष्ठ नागरिक समेत यात्री के यात्रा के खर्चा के 50 प्रतिशत से जादे भारतीय रेलवे पहिलही से उठावतिया। एतने ना, कोविड-19 के चलते पछिला दु साल से रेलवे के कमाई 2019-20 के मुक़ाबले कम रहे। एकरा अलावे रेलवे के वित्तीय स्वास्थ्य प भी एकर लंबा समय तक असर पड़ल।

297590cookie-checkएह जरत तस्वीरन में स्वाहा हो गइल रेलवे के 259 करोड़ रुपया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.