Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

प्रयागराज के संगम इलाका में बम विस्फोट, जन्मदिन के पार्टी के दौरान छात्र संघ के पूर्व महासचिव पs हमला, 5 लोग घवाहिल; एगो हमलावर गिरफ्तार

प्रयागराज के संगम इलाका में देर रात एगो बर्थडे पार्टी के दौरान 5-6 बाइक से आइल लईका अचानक दावा बोल देले। उ लोग उहाँ बम फेंकले। एह दौरान 2 छात्र अवुरी 3 भिखारी घाही हो गइले।

327

प्रयागराज के बड़का हनुमान मंदिर के लगे एगो छात्र के जनमदिन मनावत इलाहाबाद विश्वविद्यालय छात्र संघ के महासचिव रहल निर्भय द्विवेदी पs सोमार के रात बाइक से सवार आठ दस गो लड़िका बम से हमला कर दिहले। एक के बाद एक आठ-दस गो बम फेंकल गइल। एहमें दू गो विद्यार्थी आ तीन गो भिखारी घवाहिल हो गइले।

एह जानकारी के बाद पुलिस विभाग में हलचल मच गइल। पुलिस अधिकारी मौका पs पहुंच के फोरेंसिक टीम के मदद से जांच कइल लो। निर्भय एह मामिला में चार गो नामजद समेत पाँच गो अनजान लोगन के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले बाड़े।एगो आरोपी के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। पूछताछ हो रहल बा।

छात्र नेता निर्भय द्विवेदी बघाम्बरी मठ से जुड़ल बाड़े। बड़का हनुमान मंदिर परिसर में उनकर दुकान बा। निर्भय बतवले कि उ सोमवार के सांझ मंदिर परिसर में रहले। एह दौरान दारागंज निवासी इंटर छात्र ईशान, सार्थक समेत बाकी लईका उहाँ पहुंचले। ईशान के जनमदिन रहे। उनुकर पार्टी रहे। मंदिर के लगे नाविक संघ के कार्यालय के पीछे एगो कुर्सी पs छात्र बईठल रहे लो। उहाँ उ चाय पिये लगले। एह दौरान करीब 8.30 बजे पांच-छह बाइक से पहुंचल आठ से दस लईका निर्भय के देख के हमला कs देले। एह घटना के चलते घबराहट के माहौल बन गइल। छात्रन के भागे के मौका तक ना मिलल। ताबड़तोड़ बमबाजी के चलते सार्थक के मुंह में चोट लागल, जबकि बम के छर्रा के चलते ईशान के गोड़ से खून बहे लागल। हमलावर धमकी देके फरार हो गइले सs। मवका पs पहुंचल पुलिस घायलन के अस्पताल ले गइल।

पुलिस कहलस, बमबाजी के बदला में बमबाजी भइल

एसपी सिटी दिनेश सिंह बतवले कि कुछ दिन पहिले सिविल लाइन्स बिशप जानसेन स्कूल एंड कॉलेज के गेट के लगे बम विस्फोट भइ ल रहे। पुलिस मामला दर्ज कइले रहे। ओह बम विस्फोट में आरोपी छात्र एह जन्मदिन के पार्टी में शामिल रहले। पुलिस के कहनाम बा कि, ओ समय पुलिस छात्र के नाबालिग होखला पs छोड़ देले रहे। संगम के नजदीक बम विस्फोट अवुरी स्कूल के नजदीक बमबारी के घटना में तार से तार मिलावल जाता।

निर्भय कहले – दस घायल

छात्र नेता निर्भय विशाल सिंह चंदेल, आशुतोष ठाकुर, कार्तिक शुक्ला, शाश्वत द्विवेदी अवुरी 6 अज्ञात लोगन के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करवले बाड़े। उ पुलिस के बतवले कि बम-पिस्तौल लेके पहुंचल युवक हमला कइल लो। एह हमला में सार्थक शुक्ला, ईशान, ऋतिक मिश्र आ आठ से दस गो भिखारियन के चोट लागल बा।

मंदिर में हमला के अफवाह

एह बम धमाका के बाद केहु बड़का हनुमान मंदिर पs बम हमला के अफवाह फइलवलस। इ सुनते आईजी राकेश सिंह, एसएसपी शैलेश पाण्डेय, एसपी सिटी दिनेश सिंह, एएसपी अभिषेक भारती समेत कइयन गो सीओ अवुरी थानाध्यक्ष मवका पs पहुंच गइल लो। पीएसी के फोन कइल गइल। फोरेंसिक टीम पहुंच गइल।

पुलिस सूची में घायल लोगन के इस्थिति –

  • छात्र सार्थक -मुँह में चोट लागल बा
  • छात्र ईशान – गोड़ में चोट लागल बा
  • ओम प्रकाश – गोड़ में चोट लागल बा –
  • पइसा लाल-गोड़ में दर्द भइल
  • मनी लाल – गोड़ में चोट लागल बा

कुछ अपराधी झुकाव वाला नवहा नाबालिग लइका, हाई स्कूल आ इंटरमीडिएट में पढ़े वाला छात्रन के भड़का के अपराध करत बाड़े.। बम विस्फोट में नामित आरोपी कक्षा 11 अवुरी 12 के छात्र ले बाड़े। आरोपी के गिरफ्तारी खातिर पाँच गो टीम लगावल गइल बा।

दिनेश सिंह, एसपी सिटी 

 

286480cookie-checkप्रयागराज के संगम इलाका में बम विस्फोट, जन्मदिन के पार्टी के दौरान छात्र संघ के पूर्व महासचिव पs हमला, 5 लोग घवाहिल; एगो हमलावर गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.