छपरा आ सीवान में फेर पसरल मातम, 28 के मउत, कईयो के हालत गंभीर

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

    बिहार में जहरीला शराब पिए के चलते 28 लोग के मउत होखे के खबर बा। मिलल जानकारी के मुताबिक इs मौत सिवान अवुरी छपरा में भईल बा। पुलिस के मुताबिक सिवान में जहरीला

Share

बिहार के छपरा-सिवान में जहरीला शराब से कई लोगन के मउत : फोटो

 

 

बिहार में जहरीला शराब पिए के चलते 28 लोग के मउत होखे के खबर बा। मिलल जानकारी के मुताबिक इs मौत सिवान अवुरी छपरा में भईल बा। पुलिस के मुताबिक सिवान में जहरीला शराब पियला से 20 लोग के मउत हो चुकल बा जबकि चपरा में 8 लोग के मउत हो गईल बा। जहरीला शराब पीये के चलते बहुत लोग के हालत बहुत गंभीर बा। जेकरा पास के अस्पताल में इलाज चलता। बतावल जाता कि जहरीला शराब के चलते मरेवाला लोग के संख्या अवुरी बढ़ सकता।

मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला

जहरीला शराब पीये से मरेवाला लोग के संख्या अवुरी बढ़े के संभावना बा। कहल जा रहल बा कि जहरीला शराब पीये के चलते अस्पताल में इलाज करावे वाला लोग के हालत बहुत खराब बा जहरीला शराब के चलते मउत के खबर के बीच राज्य सरकार के मंत्री रत्नेश सादा के एगो अजीब बयान सोझा आईल बा। एतना मउत के बाद भी मंत्री इs नईखन मानत कि इs प्रशासनिक विफलता के मामला बा। उs कहले कि इs कवनो प्रशासनिक विफलता नईखे, सवाल बा कि एतना लोग के मउत के बाद का इs प्रशासनिक विफलता नईखे?

हालांकि मंत्री जी एगो बड़ घोषणा कईले बाड़े कि एs पूरा मामला में अब तमाम शराब माफिया पs सीसीए लगावल जाई एकरा संबंध में एगो प्रस्ताव मंत्रिमंडल में ले आवल जाई अवुरी सीसीए के प्रस्ताव पs मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अवुरी… प्रशासनिक तइयारी के बाद शराब माफिया पs रोक लगा दिहल जाई बाकिर सीसीए जाए के फैसला हो गइल बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.