Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

घर में मिलल एक्के परिवार के 4 लोग के लाश

पुलिस ए बारे में आशंका में बिया

212

मुंबई के कांदीवली में ओह घरी हलचल मचल रहे. जब एक्के परिवार के 4 लोग उनके घर में मृत मिलल। ई देख के सभे हैरान हो गइल. एकर सूचना तुरंत पुलिस के दिहल गईल। फिलहाल मुंबई पुलिस ए मामला के जांच करतिया।

सभे चौंक गइल रहे

जानकारी के मुताबिक कांदीवली इलाका के सभ लोग हैरान रह गईले जब पता चलल कि एकही परिवार के 4 लोग अपना घर में मृत मिलल बाड़े। इ सुन के घर के चारो ओर भीड़ बने लागल। कुछ लोग एकरा बारे में पुलिस के जानकारी देले।

पुलिस जांच शुरू क देलस

सूचना मिलते पुलिस तुरंत मौका प पहुंच के जांच शुरू क देलस। प्राइमा फेसी से पता चलल बा कि परिवार के एक-दुगो बाकी दु सदस्य के हत्या कईला के बाद फांसी लगा लेले रहले। फिलहाल पुलिस मामला के आगे के जांच करतिया।

नाबालिग आत्महत्या क लेहलस

आईं बता दीं कि आजुकाल्हु परिवार में आत्महत्या के घटना बहुते बढ़ रहल बा. हाल ही में मुंबई में एगो 16 साल के लइका अपना परिवार के लोग ऑनलाइन गेम खेले से मना कर दिहला का बाद आत्महत्या क लिहलसि. पुलिस के मुताबिक लईका अपना महतारी खाती सुसाइड नोट छोड़ के ट्रेन के सोझा कूद गईल।

लइका सुसाइड नोट छोड़लस

पुलिस से मिलल जानकारी के मुताबिक लईका के महतारी अपना मोबाइल प गेम खेलत घरी लईका के फोन लेले रहली अवुरी ओकरा के पढ़े के कहल गईल। एकरा बाद उ सुसाइड नोट लिख के घर से निकल गईले।

283840cookie-checkघर में मिलल एक्के परिवार के 4 लोग के लाश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.