बीसीसीआई पत्रकार बोरिया मजमूदार पs दु साल के प्रतिबंध लगा देले बा। ऋद्धिमान साहा आरोप लगवले रहस कि बोरिया उनका के ”धमकावे आ डेरवावे के कोसिस कइले रहस। बोरिया के अब भारत में घरेलू आ अंतराष्ट्रीय मैच में मान्यता ना मिली। उनका कवनो ‘पंजीकृत खेलाडी’ से साक्षात्कार आ राज्य/सदस्य संघन के स्वामत्वि आला क्रिकेट संघन में कवनो सुविधा ना मिली। उपाध्यक्ष राजीव शुक्ला, कोषाध्यक्ष अरुण धूमल आ पार्षद प्रभातेज सिंह भाटिया के समिति साहा आ बोरिया से बात कइला के बाद इ फसीला लेले।
साहा के धमकवला में मजमूदार पs प्रतिबंध
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।