Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs WI: 200वां टी20 में हारल भारत; विंडीज के खिलाफ ना बना सकल 150 रन, आखिरी पांच ओवर में बनल खाली 33 रन

पहिला टी20 मैच जीते खातिर आखिरी पांच ओवर में भारतीय टीम के मात्र 37 रन के जरूरत रहे। हालांकि, अइसन भइल ना। होल्डर ने 16वां ओवर में कवनो रन ना देलें आ दुगो विकेटो गिर गइल। एकरा बाद टीम इंडिया वापसी ना कs पाइल।

1,914

भारत आ वेस्टइंडीज के बीच टी20 सीरीज के पहिला मुकाबला कैरिबियाई टीम चार रन से अपना नामे कइलस। एह जीत के संगही वेस्टइंडीज पांच मैच के सीरीज में 1-0 के बढ़त बना लेले बा। एहर मैच में वेस्टइंडीज टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत छव विकेट पs 149 रन बनवलस। एकरा जवाब में टीम इंडिया नव विकेट खोके 145 रन बना सकल आ चार रन से मैच हार गइल। तिलक वर्मा के छोड़के भारत के कवनो बल्लेबाज आस के मोताबिक प्रदर्शन ना कs सकल आ टीम इंडिया के शर्मनाक हार झेले के पड़ल।

ई भारत के 200वां टी20 मैच रहे आ टीम इंडिया अइसन करे वाला दूसरका टीम हियs। भारत से पहिले पाकिस्तान के टीम 200 से जादे टी20 मैच खेल चुकल बिया। एह मैच में वेस्टइंडीज खातिर कप्तान रोवमन पॉवेल 48 आ निकोलस पूरन 41 रन बनवलें। गेना के संगे ओबेड मैकॉय, जेसन होल्डर आ रोमारियो शेफर्ड ने दु-दु विकेट लिहल लो। भारत खातिर सबसे जादे 39 रन तिलक वर्मा बनवलें। अर्शदीप सिंह आ युजवेन्द्र चहल दु-दु विकेट लिहल लो।

भारत बनाम वेस्टइंडीज – फोटो : सोशल मीडिया

वेस्टइंडीज के पारी में का भइल

टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत वेस्टइंडीज सानदार सुरुआत कइलस। ब्रेंडन किंग पहिले ओवर से बड़ शॉट खेलल सुरू कs देलें आ सुरुआती दु ओवर में वेस्टइंडीज के स्कोर 20 रन के पार जा चुकल रहे। हालांकि, दूसरका छोर पs काइल मेयर्स लय में ना रहस। कप्तान हार्दिक पांचवां ओवर चहल के देलें आ चहल मेयर्स के विकेटों के सामने फंसवलें। हालांकि, गेना स्टंप से बाहर जात रहे, बाकिर मेयर्स रिव्यू ना लेलें आ पवेलियन लवट गइलें। मेयर्स सात गेना में एक रन बनवलें। अगिला गेना पs जॉनसन चॉर्ल्स एक रन लेलें आ ओवर के तीसरका गेना पs चहल किंग के विकेटन के सामने फंसा लेलें। किंग 19 गेना में 28 रन बनवलें एके ओवर में दु विकेट गंववला के बाद वेस्टइंडीज के टीम दबाव में आ गइल।

चउथा नंबर पs आइल पूरन चौका के संगे सुरुआत कइलें आ मैच में टीम के बना के रखलें, बाकिर चार्ल्स बड़ शॉट खेले के कोसिस में कुलदीप के शिकार बनलें। तिलक वर्मा सानदार कैच पकड़के उनका के पवेलियन भेजलें। चार्ल्स छव गेना में तीन रन बनलें। एकरा बाद कप्तान रोवमन पॉवेल पूरन के संगे मिलके चउथा विकेट खातिर 38 रन के साझेदारी कइलें। एकरा बाद पूरनो बड़ शॉट खेले के प्रयास में हार्दिक पांड्या के शिकार बनलें। पूरन 34 गेना में 41 रन बनवलें। पूरन के बाद हेटमायर बड़ शॉट खेले के प्रयास में आउट भइलें। ऊ 12 गेना में खाली 10 रन बनवलें। अंत में कप्तान पॉवेल 32 गेना में 48 रन बनाकर आउट हो गइलें। अर्शदीप उनका के सूर्यकुमार यादव के हाथन कैच करवलें।

भारत बनाम वेस्टइंडीज – फोटो : सोशल मीडिया

अर्शदीप भारतीय पारी के 19वां ओवर में चार वाइड गेना कइलें। एह वजह से टीम इंडिया तय समय पs 20वां ओवर ना सुरू ना सकल आ आखिरी ओवर में खाली 4 फील्डर 30 गज के दायरा के बाहर रहे लो। हालांकि, वेस्टइंडीज के टीम एकर फायदा ना उठा सकल आ 20 ओवर में छव विकेट खोके 149 रन बना पावल। भारत खातिर अर्शदीप सिंह आ युजवेन्द्र चहल दु-दु विकेट लिहल लो। कुलदीप यादव आ हार्दिक पांड्या के एक-एक विकेट मिलल।

भारत के पारी में का भइल

150 रन के लक्ष्य के पीछा करत भारतीय टीम के सुरुआत कुछ खास ना रहल। पांच रन के स्कोर पs टीम के पहिला विकेट गिरल। शुभमन गिल नव गेना में खाली तीन रन बनाके अकील हुसैन के शिकार बनलें। एक बेर फेर बायां हाथ के स्पिनर उनका के आउट कइलस। तीसरा नंबर पs आइल सूर्यकुमार पहिले तेजी से रन बनवलें, बाकिर ईशान किशन कुछ खास ना कs पवलें। ऊ नव गेना में छव रन बनाके आउट भइलें। सूर्यकुमार आ तिलक तीसरका विकेट खातिर 39 रन के साझेदारी कs के टीम इंडिया के मैच में वापसी करावल लो, बाकिर सूर्या 21 गेना में 21 रन बनाके आउट हो गइलें। अगिलके ओवर में तिलक वर्मा पवेलियन लवट गइलें। तिलक 22 गेना में 39 रन बनवलें।

भारत बनाम वेस्टइंडीज

कप्तान हार्दिक संजू सैमसन के संगे मिलके भारतीय पारी के संभारल लो आ लागल कि ई दुनो टीम इंडिया के जीत दिला दी लो। आखिरी पांच ओवर में जीत खातिर भारत के खाली 37 रन के जरूरत रहे आ छव विकेट बांचल रहे। होल्डर भारतीय पारी के 16वां ओवर कइलें आ पहिला गेना पs कप्तान हार्दिक के क्लीन बोल्ड कs देलें। हार्दिक 19 गेना में 19 रन बनवलें। एही ओवर के तीसरका गेना पs संजू सैमसनो रन आउट हो गइलें। संजू 12 गेना में 12 रन बनवलें। अगिला तीन गेना में कुलदीप यादव कवनो रन ना बना सकलें। होल्डर के ओवर में कवनो रन ना बनल आ दु गो सेट बल्लेबाज आउट हो गइल लो। इहां से टीम इंडिया मुश्किल में आ गइल।

शुभमन गिल के आउट करे के बाद अकील हुसैन – फोटो : ICC/Twitter

भारत के जीत दिलावे के जिम्मेदारी अक्षर पटेल पs रहे। ऊ कुलदीप के संगे मिलके अगिला दु ओवर में 16 रन बनवलें आ भारत के मैच में बना के रखलें। हालांकि, 19वां ओवर के पहिला गेना पs बड़ शॉट लगावे के प्रयास में ऊ आउट हो गइलें आ भारत के हार लगभग तय हो गइल। अक्षर 11 गेना में 13 रन बनवलें। ओबेद मैकॉय उनका के आउट कइलें। भारत के जीत खातिर आखिरी 11 गेना में 21 रन चाहत रहे। अइसन में अर्शदीप मैकॉय के दु गेना में दु चौका लगाके भारत के मैच में वापस लिया देलें। आखिरी ओवर में भारत के जीत खातिर 10 रन चाहत रहे। शेफर्ड पहिला गेना पs अर्शदीप के क्लीन बोल्ड कs देलें। अगली पांच गेना में अर्शदीप, चहल आ मुकेश पांच रन बना सकल आ टीम इंडिया चार रन से मैच हार गइल।

618520cookie-checkIND vs WI: 200वां टी20 में हारल भारत; विंडीज के खिलाफ ना बना सकल 150 रन, आखिरी पांच ओवर में बनल खाली 33 रन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.