MORNING UPDATES: भोर के 10 बड़ खबर

Anurag Ranjan
  1. बिहार: बिहार में असिस्टेंट प्रोफेसर लो के जल्दी मिली प्रमोशन, पीएचडी के डिग्री अनिवार्य, नाया परिनियम तइयार।
  2. बिहार: आज बिहार अइहे गृह मंत्री अमित शाह, जगदीशपुर में वीर कुंवर सिंह विजयोत्सव समारोह में लिहे भाग।
  3. उत्तर प्रदेश: महिला लोगन के खिलाफ अपराध पs एक्शन में योगी सरकार, 6 महीना में 5 के मृत्युदंड आ 300 के उम्रकैद के सजा दिआवे के प्रभावी पैरवी के लक्ष्य।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी विधानसभा चुनाव: प्रदेश भाजपा के आकलन- सहजोगी दलन के मुकाबले फायदा पहुंचवलस बसपा।
  5. झारखंड: CM हेमंत सोरेन फेर मुश्किल में, मनी लांड्रिंग केस में  हाईकोर्ट कसलस शिकंजा।
  6. दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के आज हिमाचल प्रदेश के दौरा, कांगड़ा में करिहे रैली।
  7. ब्रिटिश प्रधानमंत्री के भारत दौरा खत्म, जोरदार स्वागत खातिर खातिर शुक्रिया कहले।
  8. पीएम मोदी के दौरा से पहिले कश्मीर में आतंकी हमला, सेना चौकसी बढ़वलस।
  9. राजस्थान में 300 साल पुरान मंदिर पs चलल बुलडोजर, एक-दूसरा पs आरोप के सियासत सुरू।
  10. आईपीएल में राजस्थान दिल्ली के हरवलस, आज कोलकाता-गुजरात आ बैंगलुरु-हैदराबाद में होई मुकाबला।
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।