Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आदिवासी पs पेशाब करे वाला BJP कार्यकर्ता पs NSA: गिरफ्तार कइल गइल; MP के CM शिवराज बोललें- अइसन सजा मिले, जवन नजीर बने

369

MP के सीधी जिला में एगो आदिवासी पs पेशाब करे वाला भाजपा कार्यकर्ता प्रवेश शुक्ला के मंगर देर रात गिरफ्तार कs लिहल गइल। ओकरा पs एनएसए लगावल गइल बा। ओकरा पs नशा के हालत में जुवक पs पेशाब करे के आरोप बा। मंगर के एगो वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल भइल रहे। आदिवासी जुवक के पहिले मानसिक विक्षिप्त होखे के जानकारी सामने आइल रहे, बाकिर एकर पुष्टि ना भइल।

आरोपी सीधी से 20 किलोमीटर दूर कुबरी गांव के रहे वाला बा। एह विवाद के होखला के बाद पुलिस बहरी थाना के एगो टीम मंगर रात कुबरी गांव में ओकरा घरे पहुंचल रहे, बाकिर प्रवेश उहां ना मिलल। पुलिस ओकरा पिता-माता आ पत्नी के थाना बुलाके पूछताछ कइलस। परिवार घटना के लेके कवनो तरे के जानकारी होखला से इनकार कइले बा।

प्रवेश के ई वीडियो 10 दिन पुरान बतावल जा रहल बा। आरोपी कुबरी के रहे वाला बा। ऊ सीधी जिला से BJP विधायक केदारनाथ शुक्ला के प्रतिनिधि रह चुकल बा।

आरोपी प्रवेश शुक्ला के देर रात गिरफ्तार कs के थाना ले आवल गइल।

CM NSA के तहत कार्रवाई के निरदेस देलें

मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान पुलिस के आरोपी पs NSA के तहत कार्रवाई के निरदेस देले बाड़ें। मुख्यमंत्री ट्वीट कs के कहलें- हम प्रशासन के निरदेस देले बानी कि अपराधी पs अइसन कार्रवाई कइल जाव जवन उदाहरण बने। अपराधी के ना तs कवनो जाति होला ना धर्म। अपराधी कवनो पार्टी के ना होला, अपराधी खाली अपराधी होला।’

विधायक शुक्ला बोललें- प्रवेश ना हमार प्रतिनिधि, ना BJP कार्यकर्ता

सीधी विधायक केदारनाथ शुक्ला के संगे आरोपी प्रवेश शुक्ला।

जब विधायक केदारनाथ शुक्ला से सवाल कइल गइल तs ऊ कहलें, ‘प्रवेश ना तs हमार प्रतिनिधि हs, ना पार्टी के कार्यकर्ता। चूंकि हम जनप्रतिनिधि हई तs मुलाकात होखल संभव बा।’ ऊ स्वीकार कइलें कि ऊ प्रवेश शुक्ला के जानेलें।

जवाब में अरुण यादव ट्वीट कइलें आरोपी के नियुक्ति पत्र

कांग्रेस के सीनियर लीडर अरुण यादव ई नियुक्ति पत्र ट्वीट कइलें।

 

विधायक केदारनाथ शुक्ला आरोपी प्रवेश शुक्ला के BJP कार्यकर्ता मानही से मना कs देलें। एह पs कांग्रेस के पूर्व प्रदेश अध्यक्ष अरुण यादव प्रवेश शुक्ला के भाजपा मंडल उपाध्यक्ष नियुक्त कइल गइला के पत्र ट्वीट कs देलें। यादव लिखलें, ई नियुक्ति पत्र ओह लोगन खातिर बा, जे बोल रहल बा कि प्रवेश शुक्ला भारतीय जनता पार्टी के सदस्य ना हवे। ऊ भारतीय जनता युवा मोर्चा में मंडल उपाध्यक्ष के संगही विधायक केदारनाथ शुक्ला उनका के आपन प्रतिनिधियो बनवले बाड़ें।’

कमलनाथ बोललें- का सत्ता के नशा एह कदर चढ़ गइल 

पूर्व सीएम कमलनाथ कहलें- का सत्ता के नशा एह कदर भारतीय जनता पार्टी के नेता लोगन पs चढ़ गइल बा कि ऊ इंसान के इंसान नइखे समझ रहल लो। ई घटना आदिवासी अस्मिता पs प्रहार हs। ई घटना टंट्या मामा बिरसा मुंडा जइसन महापुरुषन के अपमान हs। ए घटना प्रदेश के करोड़न आदिवासी भाई-बहिनन के अपमान हs।

आरोपी के पिता बोलले- ई वीडियो फर्जी बा

आरोपी प्रवेश के पिता रमाकांत शुक्ला के कहनाम बा कि हम, हमार भाई, हमार पत्नी आ बहू के रात 9 बजे उठा ले आइल ।  सबकर मोबाइल ले लिहल गइल। मोबाइल पुलिसवालन के लगे बा। पत्नी के इहां थाना में चक्कर आ गइल, उनकर ब्रेन के दवाई चल रहल बा। भाई के थाना में अटैक आ गइल। एह घटना से हमनी लोग बहुत व्यथित बानी सs। ई वीडियो फर्जी बा, ई स्पष्ट रूप से समझ आ रहल बा। ई हमनी के फंसावे के साजिश बा। हमनी के लईका अइसन कइये नइखे सकत। ऊ एतना घिनौना कृत्य नइखे कs सकत। बेटा 29 जून से लापता बा, ओकर अपहरण कs लिहल गइल बा। हमनी के डर बा कि कहीं ओकर हत्या ना हो जाव।

आरोपी के चाचा बोलले- ऊ डिप्रेशन में रहे, खुदकुशी करे के कहल करे

आरोपी प्रवेश शुक्ला के दूर के चाचा विद्याकांत शुक्ला बतवलें कि प्रवेश के बदनाम करे खातिर दु साल पहिलहू एह तरे के वीडियो एडिट कs के वायरल कइल गइल रहे। ओहु समय पीड़ित ने एह पs आपत्ति जतवले रहे। अब 25 जून के ई वीडियो फेर से सामने आइल रहे। एकरा बाद से प्रवेश डिप्रेशन में रहे। ऊ बार-बार कहत रहे कि हम खुदकुशी कs लेम। 28 जून के प्रवेश घर से चल गइल रहे।

प्रवेश के पिता ओकरा गुमशुदगी के लेके 29 जून के थाना में आवेदन देले रहस। एकरा बाद वीडियो में दिखावाल जा रहल व्यक्तियो एह वीडियो पs आपत्ति जतावल। ऊ तीन जुलाई के एगो शपथ पत्रो लिखलस। एमे बतावल गइल कि हमार फर्जी वीडियो वायरल कइल जा रहल बा। ई वीडियो प्रवेश के बदनाम करे के साजिश बा।

आदिवासी जुवक के पत्नी बोलली- पुलिस के कवनो दबाव नइखे 

आदिवासी जुवक दशमत के पत्नी बतवली कि ऊ पल्लेदारी के काम करेले। रातभर से घर नइखन आइल तs चिंता हो रहल बा। हमनी के नइखे पता कि ऊ कहां बाड़े। घर नइखन आइल तs रातभर सुत ना सकनी। जदि ऊ गलत काम कइले बाड़े तs जवन होखे के बा हो जाव। गलत काम कइले बाड़े तs सजा होखबे करी। हमनी पs पुलिस के कवनो दबाव नइखे।

साभार: दैनिक भास्कर

587410cookie-checkआदिवासी पs पेशाब करे वाला BJP कार्यकर्ता पs NSA: गिरफ्तार कइल गइल; MP के CM शिवराज बोललें- अइसन सजा मिले, जवन नजीर बने

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.