दुखद: मशहूर अभिनेता शिव कुमार सुब्रमण्यम के भइल निधन
बेटा के मौत के दू महीना बादे दुनिया के कहने अलविदा
नया हफ्ता के शुरुआत फिल्म इंडस्ट्री खातिर एगो बुरी खबर के साथ भइल। बॉलीवुड के मशहूर एक्टर अउर स्क्रीनराइटर शिव कुमार सुब्रमण्यम (Shiv Kumar Subramaniam death) के देर रात निधन हो गइल। अभिनेता के निधन की खबर सामने अइते पूरे फिल्म जगत में शोक के लहर दौड़ गइल बा। शिव कुमार के निधन के वजह के बारे में अभिन ले कुछ पता नाइ चल पवले बा।
एह खबर पर दुख जाहिर करत बीना सरवर ट्वीट कइली। ऊ लिखली ‘बहुत ही दुखद खबर। बेटे जहान के मौत के ठीक दो महीने बाद ही उनका निधन हो गया। उनके बेटे जहान को ब्रेन ट्यूमर था। 16वें बर्थडे से पहले ही उसकी मौत हो गई।’ जानकारी के मुताबिक सुब्रमण्यम के अंतिम संस्कार 11 अप्रैल, सोमवार के बिहाने 11 बजे मोक्षधाम हिंदू श्मशानभूमि में कइल जाई।
Shiv Kumar Subramaniam was an actor and screenwriter. He is credited for writing the screenplay for the 1989 film Parinda, and for the Sudhir Mishra’s Hazaaron Khwaishein Aisi. @IAmSudhirMishra pic.twitter.com/l8WTmaA8L3
— Bollywoodirect (@Bollywoodirect) April 10, 2022
Comments are closed.