बिहार के एह जिला में ‘लू’ से मचल हाहाकार, खाली 18 घंटा में 27 लोगन के मौत, 300 अस्पताल में भर्ती

By Anurag Ranjan

Published on: May 31, 2024

बिहार के औरंगाबाद में लू से हाहाकार मचल बा। लू के कारण 18 घंटा में 27 लोगन के मौत हो गइल बा। 55 लोगन के सदर अस्पताल में भर्ती कs के उपचार कइल जा रहल

Share

बिहार के औरंगाबाद में लू से हाहाकार मचल बा। लू के कारण 18 घंटा में 27 लोगन के मौत हो गइल बा। 55 लोगन के सदर अस्पताल में भर्ती कs के उपचार कइल जा रहल बा। करीब 300 लोगन के सामान्य तौर पs उपचार कइल गइल बा। सदर अस्पताल में मरीजन के भीड़ लागल बा।

ड्यूटी पs रहल चिकित्सक लू से मौत के पुष्टि नइखे करत

ड्यूटी पs रहल चिकित्सक लू से मौत के पुष्टि नइखे कs रहल लो। चिकित्सकन के कहनाम बा कि पोस्टमार्टम होखला के बादे मौत के कारणन के पता चली। अस्पताल के चिकित्सक डा. रवि रंजन ने 22 के मौत के जानकारी देले बाड़ें। बता दीं कि अस्पताल के सब बेड पs मरीज भर्ती बा लो। चिकित्सक से लेके स्वास्थ्यकर्मी मरीजन के उपचार में लागल बा लो।

अरवल में 15 चुनाव कर्मी लू के शिकार

दोसरा ओर, बिहार के अरवल जिला में लोकसभा चुनाव करावे आइल 15 चुनाव कर्मी बियफे के लू के शिकार हो गइल लो, एह लोगन के लू वार्ड में भर्ती करावल गइल बा। एकरा अलावे सदर अस्पताल में कुल 40 मरीज भर्ती बा लो, जे हिट वेव से प्रभावित बा लो।

सदर अस्पताल के लू वार्ड में अरुणाचल प्रदेश के मिलीट्री बटालियन के जवान यूके सिंह ,बीकू तासी ,संजीव, तुलसी , पुष्पम पिल्ले, हवलदार शशि भूषण समेत आठ चुनाव कर्मियन के भर्ती कइल गइल बा।

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.