Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

10 अप्रिल 2022 के राशिफल

307
Google Ads 300*250 for posts

दिनांक- 10/04/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 चैत शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

रात के 12 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन-अतवार।

पुष्प नक्षत्र

रात के 04 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद श्लेषा नक्षत्र।

सुकर्मा जोग

दिन में 09 बजके 45 मिनट ले,

ओकरा बाद धृति जोग।

वालव करण।

श्री रामनवमी महोत्सव: रामावतार,श्री महानवमी व्रतम्,

नवम्यां होमादिकञ्च

सर्वार्थ सिद्धि योग

रात के 04 बजके 08 मिनट ले।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 11/04/2022

चैत शुक्ल पक्ष

तिथि-दशमी

रात के 01 बजके 27 मिनट ले।

दिन-सोमार।

श्लेषा नक्षत्र

धृति जोग,

दिन में 09 बजके 56 मिनट ले।

तैतिल करण।

नवरात्र व्रतम् पारणा।

 

 गुरु आ राहु, केतु कs रहल बा राशि परिवर्तित,
आई जानल जाव कवन राशि पs कइसन रही प्रभाव। 

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

एह राशि में राहू के प्रवेश होखला से उदर से जुड़ल परेसानी सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही। काम में अड़चन आ सकेला। माई के स्वास्थ में बाधा रही। मानिसिक तनाव रही। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। बेवसाय में लाभ मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

भाग-दउर रही। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। बेवसायिक ममिला में अड़चन आ सकेला। कवनो काम के लेके चिंता रही। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में सफलता मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

बहुते सुनर दिन रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। नौकरी में लाभ मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। बेवसायिक ममिला में बाधा बन सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

जतरा के संजोग बनी। अचके लाभ मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई।शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में लाभ होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक नुकसान पहुंच सकेला। भाग-दउर रही। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। बेवसायिक ममिला में मध्यम स्तर के लाभ मिली। शिक्षा के क्षेत्र में सुधार होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। अचके कुछ लाभ भेंटी। जतरा के संजोग बन सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मीली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। मानसिक तनाव बनल रही। मेहरारू के स्वास्थ में बाधा रही। भाग-दउर रही।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

पेट से जुड़ल परेसानी सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही। माई के स्वास्थ में बाधा। मानसिक तनाव बनल रही। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

नाया काम के योजना बनी। अचके कुछ लाभ मिली। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। नौकरी में लाभ होई। शिक्षा में बढ़न्ती। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

सामाजिक काम में बाझल रहब। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जतरा के संजोग बन रहल बा।
239930cookie-check10 अप्रिल 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.