Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मुनव्वर राणा और केआरके भइने ट्रोल,

अब लोग लेता मजा

252

विधानसभा चुनाव के मतगणना और उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव 2022 में बीजेपी के एक बेर फेर से बहुमत मिलत देखला के संगही योगी आदित्यनाथ एक बार फिरसे सत्ता में वापसी करत लउकनें। एन्ने सोशल मीडिया पs प्रतिक्रिया के दौर जारी बानें। एही बीच शायर मुनव्वर राणा अउर अभिनेता केआरके खान ट्विटर पर ट्रोल हो रहल बानें। यूजर्स ओंसे नगदे तीखा सवाल पूछ रहल बा, हालांकि एह दौरान केआरके बीजेपी के जीत पs बधाई देहने ह।

दरअसल उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव से पहिले रायबरेली के रहे आला शायर मुनव्वर राणा अउर सहारनपुर के देवबंद के रहे वाला केआरके देस छोड़ले के ऐलान कइले रहनें। ऊ कहले रहने कि अगर योगी चुनाव जीतिहें त ऊ देस छोड़ दीहें। पिछला 17 फरवरी के अपना ट्वीट में केआरके कहले रहनें कि हम वचन ले तानी कि अगर 10 मार्च के योगी जी के हार नाइ भइल, त फेर हम इंडिया कब्बो वापिस नाइ आइब! जय बजरंग बली।

एकरे अलावा जनवरी में शायर मुनव्वर रानो कहले रहने कि वर्तमान सरकार पलायन-पलायन के रट लगा रहल बिया, लेकिन भाजपा सरकार में मुसलमानन में एन्ना खौफ बा कि बोल नाइ सकला। अगर तब्बो ओवैसी के मदद से भाजपा के सरकार आ जा तीया त हमके इहवा रहले के जरूरत नाइ बा, हम इहवाँ से पलायन क लेब। दूनो लोग के एही बयान के लेके यूजर्स उनके ट्रोल क रहल बानें।

226720cookie-checkमुनव्वर राणा और केआरके भइने ट्रोल,

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.