Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Prime Video: फरवरी में मिली थ्रिलर आ सस्पेंस के डबल डोज, प्राइम वीडियो पs रिलीज होई ढेर फिल्म आ वेब सीरीज आ लागी मनोरंजन के तड़का !

आज के दौर में दर्शक सिनेमाघरन से बेसी घरे बईठिए के आपन मनोरंजन कइल पसन करत बाड़े । एकरा खातिर उ लोगन के पास सबसे नीक साधन ओटीटी मवजूद बा , जवना पs उ लोग अपना पसन के हिसाब से फिल्मन आ वेब सीरीजन के देख सकत बाड़े । दर्शक लोग के ओटीटी प्लेटफॉर्म अमेजन प्राइम वीडियो पs फरवरी के महीना में कुछ खास देखे के मिली। एह महीना कई गो शानदार फिल्मन अउरी वेब सीरीजन के गुच्छा दर्शकन के सोझा को आवे वाला बा । तs आयीं जानल जाए ओह फिल्मन आ वेब सीरीजन के बारे में, जवन फरवरी में अमेजन प्राइम वीडियो पs रिलीज होखे वाली बाड़ी सs ...

651

आज के दौर में दर्शक सिनेमाघरन से बेसी घरे बईठिए के आपन मनोरंजन कइल पसन करत बाड़े । एकरा खातिर उ लोगन के पास सबसे नीक साधन ओटीटी मवजूद बा , जवना पs उ लोग अपना पसन के हिसाब से फिल्मन आ वेब सीरीजन के देख सकत बाड़े । दर्शक लोग के ओटीटी प्लेटफॉर्म अमेजन प्राइम वीडियो पs फरवरी के महीना में कुछ खास देखे के मिली। एह महीना कई गो शानदार फिल्मन अउरी वेब सीरीजन के गुच्छा दर्शकन के सोझा को आवे वाला बा । तs आयीं जानल जाए ओह फिल्मन आ वेब सीरीजन के बारे में, जवन फरवरी में अमेजन प्राइम वीडियो पs रिलीज होखे वाली बाड़ी सs …

फर्जी

वेब सीरीज ‘फर्जी’ से बॉलीवुड अभिनेता शाहिद कपूर ओटीटी के  दुनिया में आपन  डेग धरत बाड़े । शाहिद के संगे एह में साउथ सिनेमा के सुपरस्टार  विजय सेतुपति अउरी अभिनेत्री राशी खन्ना भी नजर आई लोग । ओहिजे, एह में केके मेननो  दिखाई दिहें। ई वेब सिरीज राज आ डीके के द्वारा  निर्देशित बा , जे लोग  एकरा से पहिले ‘फैमली मैन’ के दूनों सीजनो  के डायरेक्ट कइ चुकल बाड़ें लोग । ‘फर्जी’ अमेजन प्राइम वीडियो पs  10 फरवरी के  रिलीज होई।

शाहिद कपूर :फोटो सोशल मीडिया

 

बस कर बस्सी

अमेजन प्राइम वीडियो पs  स्टैंडअप स्पेशल शो ‘बस कर बस्सी’ के  रिलीज कइल जाई, जवना में भारत के सबसे पसंदीदा कॉमेडियन अनुभव सिंह बस्सी के कॉमेडी करत  देखावाल  जाई। बस्सी क्लासिक, मजाकिया अंदाज में नजर अइहें । एह दउरान अनुभव बस्सी अपना  जीवन के खिसा आ कहानी से  दर्शकन के अपना पुरनका  दिनन  में ले जात नजर अइहें। एह  शो में उनका के अपना कॉमेडी के जरिए, फ्लैट मैट आ दोस्तन के साथ जीनगी के कई गो उतार चढ़ाव से निपटत  देखावल जाई। इ शो 1 फरवरी के आमेजन प्राइम विडियो पs रिलीज होई।

 

अनुभव सिंह बस्सी -फोटो : सोशल मीडिया

यूएस प्रोजेक्ट्स

‘समबडी आई यूज टू नो’ एगो आवे  वाला अमेरिकी रोमांटिक कॉमेडी फिल्म बिया , जवना  के निर्देशन डेव फ्रैंको  कइले बाड़ें ।  एह फिल्म में एलिसन ब्री, जे एलिस आ  किर्से क्लेमेन्स मुख्य भूमिका में बा लोग । इ 10 फरवरी, 2023 के  अमेजन प्राइम वीडियो पs  रिलीज होखे वाली बिया ।
‘क्लार्कसन फार्म 10 फरवरी के रिलीज होई। ओहिजे, ‘कार्निवल रो सीजन 2’ के प्रीमियर शुक्रवार 17 फरवरी 2023 के  अमेजन प्राइम वीडियो पs  होई।
‘द कंसल्टेंट’ एगो ट्विस्टेड, कॉमेडी-थ्रिलर सीरीज बिया, जवन बॉस आ कर्मचारी के बीच के भयावह संबंधन के जांच-पड़ताल करत बिया । इ सीरिज  24 फरवरी के  रिलीज होई।  एही कड़ी में ,’द डाइ हार्ट’ फिल्म 24 फरवरी के अमेजन प्राइम वीडियो पs  रिलीज होई |

दs क्लार्क्सन फार्म -फोटो:सोशल मीडिया

क्षेत्रीय शोज

‘वारिसु’ एगो भारतीय तमिल भाषा के  फिल्म बिया , जवना के  हिंदी डब वर्शन के  नाम बा  बारिश। एह  फिल्म के  वामशी पेडिपल्ली  निर्देशित कइले  बाड़े  । फिल्म में विजय आ  रश्मिका मंदाना  मुख्य भूमिका में  बा लोग । ई अमेजन प्राइम वीडियो प 22 फरवरी  के रिलीज होई। एकरा के  तमिल, तेलुगू, कन्नड़ अउरी मलयालम भाषा में रिलीज कईल जाई ज
‘ऐनालुम एंटीलिया’ एगो मलयालम रोमांटिक कॉमेडी फिल्म बिया , जवन दुबई में एकही बिल्डिंग कॉम्प्लेक्स में रहे वाला  दु गो  अप्रवासी परिवारन के कहानी बा । ई 3 फरवरी के  रिलीज होई। ‘थंकम’ एगो भारतीय मलयालम भाषा के क्राइम ब्लैक कॉमेडी ड्रामा फिल्म बिया , जवना के  श्याम पुष्कर लिखले बाड़े आ  शहीद अराफात एकरा  के निर्देशित कइले बाड़े  । ई 20 फरवरी के  रिलीज होई।
‘ट्रिपल राइडिंग’ महेश गौड़ा  निर्देशित कन्नड़  भाषा के एगो  रोमांटिक एक्शन एंटरटेनर फिल्म बिया , जवन  3 फरवरी के  रिलीज होई। ‘हंट’ महेश सुरपानेनी  निर्देशित एगो एक्शन थ्रिलर फिल्म बिया ।  एह फिल्म में सुधीर बाबू, भरत निवास, श्रीकांत मेका मुख्य भूमिका में बाड़े लोग । इहो 10 फरवरी के  रिलीज होई |

वारिसू-फोटो: सोश्ल मीडिया|
448930cookie-checkPrime Video: फरवरी में मिली थ्रिलर आ सस्पेंस के डबल डोज, प्राइम वीडियो पs रिलीज होई ढेर फिल्म आ वेब सीरीज आ लागी मनोरंजन के तड़का !

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.