[the_ad_group id="30365"]

अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! माला सिन्हा अपने असली नाम से रहली परेशान, फिलिम में आए के बाद रखली इs नाम आ भइली हिट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।

आजू पढ़ी माला सिन्हा अपने असली नाम से रहली परेशान. फिलिम में आए के बाद रखली इs नाम आ ओकरी बाद भइली हिट

आपकी नजरों ने समझा, प्यार के काबिल मुझे….’ ई गीत आजुओ ओल्ड इज गोल्ड सॉन्ग के लोग के सूची में जरूर होई। एह गीत के बोल के तरह एकर अभिनेत्री भी अपना सुंदरता खातिर जानल जात रहली। हम बात करत बानी हिंदी सिनेमा के दिग्गज अभिनेत्री माला सिन्हा के. माला सिन्हा ओह अभिनेत्रियन के सूची में बाड़ी जे अपना प्रोफेशनल जिनिगी से बेसी अपना निजी जिनिगी खातिर सुर्खियन में आइल बाड़ी. माला सिन्हा के असली नाम के पीछे एगो रोचक कहानी बा। आज हम रउआ सभे के बतावे जा रहल बानी कि अभिनेत्री के असली नाम के साथे उनकर जीवन से जुड़ल बहुत सारा अनसुना बात।

स्कूल में लइका नाम के लेके चिढ़ावत रहले

60 के दशक के बेहतरीन अभिनेत्री माला सिन्हा के संगीत के संगे अभिनय के शौक रहे। माला सिन्हा के अभिनय खातिर संगीत से प्रेम छोड़े के पड़ल. बता दीं कि जवना अभिनेत्री के आजु पूरा दुनिया माला सिन्हा के नाम से जानत बिया ओकर असली नाम कुछ अलगे रहे. माला सिन्हा के असली नाम आल्डा सिन्हा हs। स्कूल में लइका-लइकी उनकरा के आल्डा के जगह डाल्डा कह के चिढ़ावत रहले। एही कारण से उs आपन नाम आल्डा से बदल के माला रखली। एतने ना, जब उs फिल्म में प्रवेश कईली तs उs आपन नाम बेबी नज्मा रखली, बाकिर जब उs बड़ होके मुख्य अभिनेत्री के काम करे लगली तs उs आपन नाम बदल के माला सिन्हा कs देली। एही नाम से ऊ पूरा दुनिया में मशहूर हो गइली.

माला सिन्हा अपना करियर में बहुते सुपरहिट फिलिम दे चुकल बाड़ी. एह फिलिमन में बादशाह, हेलमेट, प्यासा, नया जमाना, एक गांव की कहानी, चंदन, फिर सुबह होगी, परवरिश, उजाला से ले के मैं नशा में हूं ले के कई गो फिलिम शामिल बाड़ी सँ. अपना करियर में धर्मेंद्र, मनोज कुमार, संजय खान, राजेश खन्ना आ अमिताभ बच्चन के साथे काम कइलें। लगभग 40 साल तक उs इंडस्ट्री में राज कईली अवुरी आजकल उs सिनेमा-गपशप से बहुत दूर बाड़े।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]