Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मायावती के छलकल दर्द, बोलली दलित देहने धोखा

170

उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव में बस एक्के सीट जीत पावे आली बसपा के मुखिया मायावती अपना करारा हार खातिर सपा के दुष्प्रचार के जिम्मेदार ठहरवली। मायावती शुक्रवार बिहाने लखनऊ में कहनें कि बसपा के अगर मुस्लिम अउर दलित वोट मिल जाइत त भाजपा के हार हो जाइत। ऊ कहली ई चुनाव हमनी खातिर एगो सीख के तरे बा। बसपा के खिलाफ दुष्प्रचार कइल गइल। हम बसपा के समर्थक से कहल चाहब कि हिम्मत नाइ हारे के बा अउर लागल रहे के बा। बाबासाहेब के अनुयायी कब्बो हिम्मत नाइ हार सकेने। हम कहल चाहब की अब बाउर वक्त खतम होखे आला बा। हमनी के जी जान से प्रयास कइनी जा अउर ओकरे बादो ई नतीजा आइल बा त एसे बुरा क्या हो सकता है।

 

साभार – हिन्दुस्तान

226580cookie-checkमायावती के छलकल दर्द, बोलली दलित देहने धोखा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.