KC Tyagi: केसी त्यागी काहे देले इस्तीफा? खुद बतवले असली बात

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 1, 2024

Bihar politics: जदयू के वरिष्ठ नेता केसी त्यागी पार्टी के राष्ट्रीय प्रवक्ता पद से इस्तीफा दे देले बाड़न। जदयू कहलस कि त्यागी निजी कारण से इस्तीफा दे देले बाड़े। अब त्यागी खुदे एह बारे में

Share

Bihar politics: जदयू के वरिष्ठ नेता केसी त्यागी पार्टी के राष्ट्रीय प्रवक्ता पद से इस्तीफा दे देले बाड़न। जदयू कहलस कि त्यागी निजी कारण से इस्तीफा दे देले बाड़े। अब त्यागी खुदे एह बारे में सब कुछ साफ कऽ देले। त्यागी के इस्तीफा पs आधिकारिक बयान आ गइल बा। उऽ कहले कि भविष्य में उऽ जदयू के सलाहकार बनल रहीहें।

जदयू के राष्ट्रीय प्रवक्ता पद से इस्तीफा देला के बाद केसी त्यागी एतवार के कहले कि उऽ नीतीश कुमार के छोड़ के ना जइहें। नीतीश समाजवादी हउवें।

त्यागी साफ-साफ कहले कि उऽ जदयू में सलाहकार के रूप में रहीहें। नीतीश कुमार के जब कबो जरूरत पड़े हमरा के फोन कऽ सकेले। उनका से हमार रिश्ता बहुत पहिले के बा। उनका प्रति सम्मान रहल बा आ रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.