कांग्रेस के दिग्गज नेता आ पूर्व विदेश मंत्री नटवर सिंह के निधन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 11, 2024

  लमहर बेमार रहला के बाद शनिचर के रात पूर्व विदेश मंत्री नटवर सिंह के निधन हो गइल. उनुकर उमिर 93 साल रहे। गुरुग्राम के मेदांता अस्पताल में उs आखिरी सांस लेले, जहां उनुका के

Share

 

लमहर बेमार रहला के बाद शनिचर के रात पूर्व विदेश मंत्री नटवर सिंह के निधन हो गइल. उनुकर उमिर 93 साल रहे। गुरुग्राम के मेदांता अस्पताल में उs आखिरी सांस लेले, जहां उनुका के पछिला कई सप्ताह से बेमारी के इलाज खातीर भर्ती करावल गईल। नटवर सिंह के जनम 1931 में राजस्थान के भरतपुर जिला में भइल रहे। नटवर सिंह के आखिरी संस्कार अतवार के दिने दिल्ली में होखे वाला बा. कुछ समय से उs अस्वस्थ रहले।

2004 से 2005 ले रहले विदेश मंत्री 

कांग्रेस के सांसद रहल नटवर सिंह तब के प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के नेतृत्व में यूपीए-I सरकार के दौरान 2004-05 के अवधि खातिर भारत के विदेश मंत्री रहलें। उs पाकिस्तान में राजदूत के रूप में भी काम कईले। 1966 से 1971 तक उs प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के कार्यालय से भी जुड़ल रहले।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.