Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पिंक टॉयलेट अभियान आगाज आज, ई रहल पूरा जानकारी

218
Google Ads 300*250 for posts

सिंहभूम चैंबर ऑफ कॉमर्स एंड इंडस्ट्री के सहयोग से ‘द मीडियापुर वाला’ 8 मार्च अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस के अवसर पs जमशेदपुर महिला कॉलेज में महिला लोग खातिर ‘पिंक टॉयलेट अभियान’ के आगाज करे जा रहल बा| करीब एक महीना ले चले आलेले अभियान के तहत द मीडियापुरवाला महिला लोग के शौचालय से संबंधित समस्या के समाधान पs कार करी| पिंक टॉयलेट एगो अइसन शौचालय ह, जेके केवल महिले उपयोग क सकेली अउर जहवाँ महिला खातिर सारा सुविधा उपलब्ध रही|

उद्घाटन समारोह में आरएसबी, ग्रुप के एमडी, सिंहभूम चैंबर के उपाध्यक्ष मुकेश मित्तल, उद्यमी संदीप मुरारका, दैनिक प्रभात खबर के संपादक अनुराग कश्यप, चमकता आइना के संपादक जयप्रकाश राय, दैनिक भास्कर के संपादक डॉ संजय पांडे, हिंदुस्तान के संपादक अखिलेश्वर पांडे, न्यूज विंग के संपादक आनंद कुमार, लगातार के संपादक प्रियेश सिन्हा, कोल्हान विश्विद्यालय की पूर्व कुलपति शुक्ला मोहंती, केपीएस के डायरेक्टर शरद चंद्रन, मापतौल निरीक्षक शशि संगीता बाड़ा, ग्रेजुएट कॉलेज के प्राचार्य मुकुल खंडेलवाल, बॉक्सर अरुणा मिश्रा, करीम सिटी कॉलेज के प्राचार्य डॉ. मोहम्मद रियाज, महिला कॉलेज की प्राचार्या एवं सिंहभूम चैंबर ऑफ कॉमर्स एंड इंडस्ट्रीज के पदाधिकारी सहित सहर के कई सम्मानित लोग उपस्थित रही

 

साभार – न्यूज विंग्स

225660cookie-checkपिंक टॉयलेट अभियान आगाज आज, ई रहल पूरा जानकारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.