झारखंड : अवैध शराब के कारोबार रोके खातिर लागी ट्रैक एंड ट्रेस सिस्टम

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 8, 2022

राज्य में शराब के भंडारण अउर निकासी खातिर ट्रैक एवं ट्रेस आधारित इलेक्ट्रॉनिक सप्लाई चेन मैनेजमेंट सिस्टम ईसीएमएस के माध्यम से कइल जाई| उत्पाद विभाग एकर तैयारी कs रहल बा| एकरे तहत केंद्रीयकृत सेंटर से

Share

राज्य में शराब के भंडारण अउर निकासी खातिर ट्रैक एवं ट्रेस आधारित इलेक्ट्रॉनिक सप्लाई चेन मैनेजमेंट सिस्टम ईसीएमएस के माध्यम से कइल जाई| उत्पाद विभाग एकर तैयारी कs रहल बा| एकरे तहत केंद्रीयकृत सेंटर से संचालित सीसीटीवी अउर बूथ बैरीयिर के माध्यम से निगरानी कइल जाई| जेसे राज्य में कौनो तरे के अवैध शराब के संचयन अउर बिक्री पs रोक लागी| एह काम के संदर्भ में विभाग ट्रैक एंड ट्रेस प्रणाली के तहत शराब भंडारान अउर थोक विक्रेता लोग के स्कंधों के लेखा-जोखा अउर ऑनलाइन रियल टाइम आधार पs निगरानी सुनिश्चित कइले खातिर विभाग टेंडर प्रक्रिया के माध्यम से क्यू आर कोड बेस्ड होलोग्राम आधारित ट्रैक एंड ट्रेस प्रणाली व्यवस्था लागू करे खातिर एजेंसी के कार्यादेसो दे देहले बा| उहवें, आधारभूत संरचना खातिर संबंधित एजेंसियो के कार्यादेश देहल जा चुकल बा| जल्दिए सारी प्रक्रिया पूरा कs के शराब के पूरे कारोबार के निगरानी कई आइटी टूल के जरिये कइल जाई|

 

साभार – न्यूज विंग्स

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.