सुरेस रैना तुरलें धोनी और CSK के भरोसा

Share

पूर्व क्रिकेटर अउर कमेंटेटर साइमन डूल सुरेस रैना के नाइ खरीदल गइले के एगो बड़हन कारन बतावत बानें। साइमन डूल कहनें  कि एकर दू गो चाहे तीन गो बड़हन कारण हो सकsला। पहिला त ई ह कि सुरेश रैना 2020 सीजन में UAE में टीम के प्रति आपन ईमानदारी लुटा देहनें। हालांकि ए बात पर ज्यादा बात कइले के जरूरतो नाइ बा। ए सब के लेके इहे मेन कारन भी हो सकेला। ऊ टीम और महेंदर सिंह धोनी के प्रति आपन ईमानदारी और विश्वास बिलवा देहले बानें। अगर एक बेर अइसन होइओ जाता त फिर टीम में वापसी कइल बड़ी मुश्किल हो जाइत।

हालाकि ए बात मनले में कौनो हरज नाइ बा कि सुरेस रैना के आईपीएल में बडिए निम्मन रिकार्ड रहल बा| ऊ 205 मैच में 5528 रन मरले बानें|

 

साभार – दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-