Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Rajvardhan Hangargekar उमिर घोटाला: राजवर्धन हंगरगेकर पs लागल उमिर छिपावे के आरोप

धोखाधड़ी के ममिला में बीसीसीआई करी जाँच

241

अंडर-19 विश्व कप में भारत ला कमाल करे वाला राजवर्धन हंगरगेकर पs उमिर में घोटाला करे के आरोप लागल बा। महाराष्ट्र के खेल कमिश्नर का अनुसार उनकर असली उमिर 21 बरिस बा, जबकि ऊ आधिकारिक तौर पs आपन उमिर 21 बरिस बतवले बाड़े। एह साल के सुरूआत में वेस्टइंडीज में आयोजित अंडर-19 विश्वकप में हंगरकेकर भारतीय टीम के हिस्सा रहस। ऊ अपना खेल से सभे के प्रभावित कइले रहस। आईपीएल में चेन्नई के के टीम उनका के खरीदले बा।

हंगरगेकर लगातार 140 किलो मीटर घंटा के रफ्तार से गेंदबाजी कs सकत बाड़े आ निचीला क्रम में आके बड़-बड़ सौट लगा सकेले। अपना एही छ्मता के कारणे ऊ सुर्खी में आइलो रहस आ ऊ भारत के भविष्य मानल जात रहे, बाकि उनका ऊपर गंभीर आरोप लगावल गइल बा आ बीसीसीआई समूचा ममिला के जांच करी।

फिलहाल रणजी ट्रॉफी खेल सकत बाड़े हंगरगेकर

राजवर्धन हंगरगेकर पs अभी कवनो तरे के पाबंदी नइखे लगवले। इनसाइड  स्पोर्ट्स के खबर के अनुसार हंगरगेकर अभी सब तरे के मैच खेल सकत बाड़े, बाकिर बीसीसीआई एह ममिला के जाँच करी। धाराशिव कावर से बीसीसीआई के एगो आधिकारिक चिट्ठीयो लिखल गइल बा, जेमे उनकर उमिर में फर्जीवाड़ा के बात कहल गइल बा।

 

का बा पूरा ममिला ? 

मराठी अखबार सामना के अनुसार बकोरिया ने बीसीसीआई के चिट्ठी लिखके बतवले बाड़े कि राजवर्धन हंगरगेकर के उमिर 21 साल हs ना कि 19 साल। स्कूल के रिकॉर्ड का अनुसार उनकर जन्मतिथि सात जनवरी 2001 हs, जबकि तेरना पब्लिक स्कूल के हेडमास्टर उनकर उमिर बदल कs के एकरा के 10 नवंबर 2002 कs देले रहस। ओ समे हंगरगेकर आठवा कलास में रहस।

 

एह हिसाब से जब हंगरगेकर भारत के U-19 टीम में चुनाइल रहस, तब उनकर उमिर 21 साल हो चुकल रहे आ ऊ एह टूर्नामेंट में खेले जोग ना रहस। आईसीसी के नियमन के अनुसार आईसीसी U-19 विश्वकप में उहे खेलाडी खेल सकत बा, जेकर उमिर 19 साल से 15 साल के बीच में बा। अब ले इहों साफ नइखे कि हंगरगेकर बीसीसीआई के मानकन के अनुसार आपन उमिर के जाँच करवले बाड़े कि ना।

 

218720cookie-checkRajvardhan Hangargekar उमिर घोटाला: राजवर्धन हंगरगेकर पs लागल उमिर छिपावे के आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.