[the_ad_group id="30365"]

29 जुलाई 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 29/07/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

रात के 12 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- मंगर।

उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र

सांझ के 07 बजके 27 मिनट ले,

ओकरा बाद हस्त नक्षत्र।

शिव जोग

रात के 03 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद सिद्ध जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 30/07/2025

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- षष्ठी

रात के 02 बजके 41 मिनट ले

दिन- बुध।

हस्त नक्षत्र

रात के 09 बजके 53 मिनट ले।

सिद्ध जोग

रात के 03 बजके 40 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल (Rashifal)

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन रउआ अपना आप में बदलाव ले आवे खातिर बढ़िया बा। लोग राउर बेवहार से खूब प्रभावित होई। एह राशि के अर्थशास्त्र से जुड़ल छात्रन के आज नौकरी के प्रस्ताव मिले के संभावना बा। भविष्य में पईसा जमा करे के योजना बनी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज अपना समकक्षी वर्ग के बीच राउर लोकप्रियता बढ़ सकत बा। बेवसायिक रूप से चीज सुचारू रहिहे सs आ रउआ बढ़िया बढ़न्ती मिली। राउर आय में बढ़न्ती होई आ आर्थिक लाभ प्राप्त करे के नया रास्ते रउआ मिली।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज राउर मेहनत के उचित फल मिली। समाज में सबका सामने आपन बात रखे के पूरा मवका मिली। धन कमाये के नया रस्ता दिखाई दी। आज कुछ महत्वपूर्ण लोगन से मुलाकात होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज रउआ में से कुछ लोगन के अपना बिजनेस-पार्टनर भा कवनो करीबी से अनबन हो सकत बा। बेवसाय संबंधी यात्रा मनचाहा परिणाम ना दे पाई । नया कार्यक्षेत्र में सामिल होखे भा नया परियोजनन आ उपक्रमन के सुरू करे खातिर वो दिन बहुत अनुकूल नइखे।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर समय परिजनन के संगे व्यतीत होई। घर के कवनो बड़ जिम्मेदारी रउआ मिल सकत बा। दफ्तर में वरिष्ठ रउआ काम से प्रसन्न रही लो। सांझ के सैर कइला से रउआ स्वस्थ महसूस करेम।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

बेवसायिक प्रगति खातिर दिन अच्छा बा। नौकरीपेशा लोगन के प्रमोशन मिल सकत बा। बेयपार में कवनो नया काम सुरू हो सकत बा भा कवनो नया सौदा तय हो सकत बा, जवन भविष्य में लाभदायक रही। योग्य लोगन से रउआ स्थायी मित्रता बना सकत बानी।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउआ मन में कवनो अइसन उपाय होई, जवना से राउर कवनो खास काम पूरा हो जाई। दफ्तर में आज राउर गतिविधियन पs नजर रह सकत बा। रउआ सावधान रहे के चाहीं। जदि पहिले राउर कवनो संघतिया से अनबन भइल रहे तs आज ऊ मित्रता के हाथ बढ़ाई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

विद्यार्थियन खातिर दिन अच्छा बा। छात्र प्रतियोगितन में अच्छा प्रदर्शन करी लो आ अपना इच्छा के अनुसार संस्थान में प्रवेश पावे में सक्षम होई लो। पारिवारिक जिनगी सामान्य रूप से सुचारू रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज रउआ कुछ महत्वपूर्ण कामन के निपटावे खातिर पहिले से योजना बनाएम। समाज के मान-प्रतिष्ठा में बढ़न्ती होई। आज सांझ ले कवनो संघतिया के घरे जाएम। उनका संगे कुछ महत्वपूर्ण विषयन पs बातचीत होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज पेशेवर मोर्चा पs कड़ा मेहनत करे के जरूरत बा। सीनियर्स के खुश कइल मुस्किल हो सकत बा।  एह अवधि के दौरान कड़ा मेहनत आ विनम्रता सफलता के कुंजी बा। अटकलन खातिर समय ठीक नइखे। रउआ पारिवारिक जिनगी में अशांति के सामना करे के पड़ सकत बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ कवनो काम में माई-बाबूजी के सलाह लेंम। ई सलाह फायदेमंद रही। सामाजिक काम करे खातिर आज रउआ मन में कइयन गो नया विचार आई। राउर अच्छा बेवहार से समाज के लोग प्रसन्न रही।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

साथियन के बीच राउर लोकप्रियता बढ़ी। बेवसायिक रूप से चीज सुचारू रही आ अच्छा प्रगति होई। राउर आय में बढ़न्ती होई। रउआ आमदनी के नया रस्तो मिली। भाई-बहिन आ बड़ लोगन के संगे संबंध सौहार्दपूर्ण आ प्रेमपूर्ण रही।

Read Also: Bhojpuri : जन जागरण अभियान के 25वां विशाल धरना 3 अगस्त के, जंतर मंतर पs भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिलावे के उठी मांग

TAGS:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]