[the_ad_group id="30365"]

Vastu Tips : बार-बार टूट जाला नीन, तs जरूर अपनाईं ई वास्तु उपाय, सेहत में लउकी फर्क

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धर्म डेस्क। Vastu Tips। कइयन लोगन के ई समस्या बनल रहेला बा कि ओकर नीन बेर-बेर टूटेला। जवना कारण नीन पूरा ना हो पावेला। अइसन में व्यक्ति के कइयन तरे के स्वास्थ्य समस्या घेर लेला। रउआ एह समस्या के समाधान खातिर कुछ वास्तु टिप्स अपना सकत बानी, जवना से रउआ बहुते फायदा देखे के मिली। चलीं जानल जाव एकरा बारे में।

का होखे के चाहीं बेड के दिशा

वास्तु शास्त्र में मानल गइल बा कि, जदि रउआ उत्तर आ पछिम दिशा में माथा कs के सुतेनी, तs एकरा से रोगन में बढ़न्ती होला आ व्यक्ति के उमिर घटे लागेला। सुतत घरी राउर माथा पूरब भा दखिन दिशा कावर होखे के चाहीं। एहिसे राउर बेड दखिन दिशा में होखे के चाहीं।

Vastu Tips : ध्यान रखीं ई बात

रंगन के नीन पs बहुते असर पड़ेला। वास्तु शास्त्र में मानल गइल बा कि बेडरूम के देवालन से लेके बेडशीट के रंग हल्का होखे के चाहीं। एकरा से रउआ नींद के समस्या में आराम देखे के मिल सकत बा। एह बात के ध्यान रखीं कि सुतत गोड़ दरवाजा के तरफ ना रखे के चाहीं, ना तs, एकरा से राउर सेहत पs बुरा असर पड़ सकत बा।

मत करीं ई गलती

सुतला से पहिले सब प्रकार के इलेक्ट्रॉनिक सामान जइसे फाेन, लैपटॉप आदि के अपना लगे से हटा देवे के चाहीं आ दूर रखके सुते के चाहीं। वास्तु शास्त्र में ई मानल गइल बा कि इलेक्ट्रॉनिक सामान के अपना लगे रखके सुतेला से नीन में तs बाधा उत्पन्न होखबे करेला, संगही सेहतो पs बुरा प्रभाव पड़ेला। एकरा संगही राउर बेड के नीचे कवनो सामान ना रखे के चाहीं। अइसन कइला से वास्तु दोष उत्पन्न हो सकत बा, जवना से बेर-बेर नीन टूटे के समस्या बनल रहेला।

Vastu Tips : का हs सुते के सही समय

शास्त्रन में एह बात के वर्णन मिलेला कि कबो सूर्यास्त के तुरंत बाद आ गोधूलि बेला में ना सुते के चाहीं। सुते खातिर सबसे अच्छा समय रात्रि के पहिला प्रहर के मानल गइल बा। ओहिजा, उठे खातिर ब्रह्म मुहूर्त के सबसे उत्तम बतावल गइल बा। एकरा संगही दिन में सुतलाे से कइयन तरे के रोग उत्पन्न हो सकेला।

नोट: एह लेख में बतावल गइल उपाय/लाभ/सलाह आ कथन खाली सामान्य सूचना खातिर बा। खबर भाेजपुरी इहां एह लेख फीचर में लिखल गइल बातन के समर्थन ना करेला।

Read Also: टीवी आ इंटरनेट मीडिया निगल रहल बा मासूमियत, सरकार असहाय: हाई कोर्ट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]