[the_ad_group id="30365"]

चउथा टेस्‍ट में के लिही जसप्रीत बुमराह के जगह, भारतीय दिग्‍गज एह गेंदबाज के नाम सुझवलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्‍पोर्ट्स डेस्‍क। भारत आ इंग्‍लैंड के बीच चउथा टेस्‍ट मैच मैनचेस्टर के एमिरेट्स ओल्ड ट्रैफर्ड मैदान पs खेलल जाई। एह टेस्‍ट के सुरुआत 23 जुलाई से होई। एह मुकाबला में भारत के प्‍लेइंग 11 के लेके अभियो संशय बा।

चोट आ वर्कलोड मैनेजमेंट भारतीय टीम के टेंशन बढ़ा के रखले बा। तीसरका टेस्‍ट खेले वाला तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह चउथा टेस्‍ट खेलिहें भा ना ई अभी तक साफ नइखे हो पाइल। सीरीज से पहिलही तय हो गइल रहे कि बुमराह 5 में से 3 टेस्‍ट खेलिहें। बुमराह अब तक 2 टेस्‍ट खेल चुकल बाड़ें।

अर्शदीप के मिले के चाहीं जगह

भारतीय बल्लेबाज अजिंक्य रहाणे चउथा टेस्ट मैच खातिर जसप्रीत बुमराह के रिप्‍लेसमेंट के नाम बतवले बाड़ें, जदि उ मैच नइखन खेलत। बुमराह के खेलल तय नइखे काहेकि टीम मैनेजमेंट उनका के प्लेइंग इलेवन में सामिल करे पs अभी तक कवनो फैसला नइखे ले पाइल। अजिंक्य रहाणे कहले बाड़ें कि जदि बुमराह चउथा टेस्ट नइखन खेलत तs मैनेजमेंट के उनका जगह अर्शदीप सिंह के खेलावे के चाहीं। सिंह गेना के दुनो तरफ स्विंग करा सकत बाड़ें।

बायां हाथ के गेंदबाज के जरूरत

रहाणे अपना यूट्यूब चैनल पs कहलें, “हमरा अइसन लागत बा कि जदि बुमराह नइखन खेल रहल तs अर्शदीप ही सही विकल्प बाड़ें। इंग्लैंड में रउआ एगो अइसन बायां हाथ के तेज गेंदबाज के जरूरत होला जवन गेना के दुनो तरफ स्विंग करा सके आ संगही एगो अलग कोण से स्पिनरन खातिर रफ पिच बना सके। एहिसे अगर बुमराह नइखन खेलत, तs अर्शदीप के अगिला मैच खेले के चाहीं।”

सिंह कइलें टेस्‍ट डेब्‍यू

अर्शदीप अभी तक टेस्ट क्रिकेट में डेब्‍यू नइखन कइलें। उ अपना करिअर में अभी ले 21 प्रथम श्रेणी मैच खेलले बाड़ें। एह दौरान 37 पारियन में उ 66 विकेट चटकवले बाड़ें। अर्शदीप के चउथा टेस्ट से पहिले बेकेनहैम में प्रैक्टिस सेशन के दौरान चोट लाग गइल रहे। भारत के सहायक कोच रयान टेन डोएशेट अर्शदीप के चोट पs अपडेट देले रहस। उ बतवले रहस कि गेना रोके के कोसिस करत घरी उनका कट लाग गइल रहे।

Read Also: हिंदी सिखा देनी?’ राज ठाकरे के डुबा-डुबाके मारे वाला बयान पs निशिकांत दुबे लेलें चुटकी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]