पाकिस्तान मनलस, फाइटर जेट के भइल नुकसान, विमान के नाम नाहीं बतवलस

Minee Upadhyay

भारत आ पाकिस्तान के बीच लमहर झड़प के बाद आखिरकार युद्धविराम हो गइल बा. एह पूरा घटना में पाकिस्तान के अतना नुकसान भइल बा कि ओकरा एह झटका से उबरत बहुते समय लागी. पाकिस्तान के सीमा चौकी, पाकिस्तान आ पीओके के भीतर आतंकी लुकाइल जगहन आ 11 गो पाकिस्तानी हवाई अड्डा के तबाह कs दिहल गइल बा. संगही अब पाकिस्तान भी मान लेले बा कि भारत भी अपना लड़ाकू विमान के नुकसान पहुंचवले बा।

विमान के नाम के खुलासा ना भईल

पाकिस्तान सेना अतवार के देर रात मान लिहलस कि भारत के साथे भइल सैन्य झड़प के दौरान ओकर कम से कम एगो विमान के नुकसान भइल बा. हालांकि उs एs नुकसान के मामूली बतवले अवुरी इहो ना बतवले कि इs कवन लड़ाकू विमान हs। पाकिस्तान सेना के प्रवक्ता आगे साफ कईले कि पाकिस्तान के हिरासत में कवनो भारतीय पायलट नईखे, अवुरी अयीसन सभ रिपोर्ट सोशल मीडिया के फर्जी रिपोर्ट पs आधारित बा।

भारत आ पाकिस्तान के बीच युद्धविराम

जब भारत पाकिस्तान का खिलाफ कार्रवाई कइलस आ ओकर 11 गो हवाई अड्डा उड़ा दिहलस तs पाकिस्तान में दहशत मच गइल. एकरा बाद पाकिस्तान युद्धविराम के गुहार लगावे लागल| अंत में भारत आ पाकिस्तान के डीजीएमओ के बीच बातचीत भईल| एकरा बाद शनिचर के दिने भारत आ पाकिस्तान जमीन, हवाई आ समुद्र पस होखे वाला सगरी फायरिंग आ सैन्य कार्रवाई तुरते प्रभाव से रोके पs सहमत हो गइल.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment