[the_ad_group id="30365"]

सुरक्षा चूक पs संसद में हंगामा जारी, 49 लोकसभा सांसद सस्पेंड: काल्ह 33 लोकसभा आ 45 राज्यसभा सांसद सस्पेंड भइल रहे लो; अभी ले 141 विपक्षी सांसद निलंबित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संसद के शीतकालीन सत्र के 12वां दिन माने मंगर के विपक्ष सांसदन के निलंबन के लेके दुनो सदनन में हंगामा कइलस। विपक्षी सांसद सदन से लेके सदन के गेट आ परिसर में नारेबाजी आउर प्रदर्शन कइल।

लोकसभा आ राज्यसभा के कार्यवाही सबेरे से 3 बार स्थगित कइल गइल। एकरा बाद लोकसभा से विपक्ष के 49 सांसदन के निलंबित कs दिहल गइल। एह तरे अब कुल 141 सांसद सदन के कार्यवाही में हिस्सा ना ले सकी लो। इहे ना, लोकसभा के प्रश्नसूची से 27 सवाल हटा दिहल गइल बा। ई सवाल निलंबित सांसदन के तरफ से पूछल गइल रहे।

निलंबित टीएमसी सांसद कल्याण बनर्जी संसद के गेट पs सबेरे राज्यसभा सभापति जगदीप धनखड़ के मिमिक्री कइलें। एह दौरान, राहुल गांधी समेत विपक्ष के कइयन नेता मवजूद रहे लो। कइयन सांसद वीडियो बनावत नजर आइल लो।

18 दिसंबर तक 92 सांसद निलंबित कइल गइल रहे लो

सोमार माने 18 दिसंबर के कुल 78 सांसदन (लोकसभा-33, राज्यसभा-45) के निलंबित कइल गइल रहे। आजादी के बाद पहिला बेर एके दिन में एतना सांसद निलंबित कइल गइल रहे। एकरा पहिले 1989 में राजीव सरकार में 63 सांसद निलंबित कइल गइल रहे। पिछला हफ्ता 14 सांसदन के निलंबित कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]