लखनऊ : मध्यांचल विद्युत वितरण निगम के लखनऊ सहित 19 जिलन के जवन नियमित कर्मचारी फेशियल अटेंडेंस के पंजीकरण 30 अप्रिल तक ना कइले रहे लो, ओह लोगन के वेतन रोक दिहल गइल बा। अइसन इंजीनियरन आ कर्मचारियन के संख्या लगभग 1800 बा। एह इंजीनियरन आ कर्मचारियन के अप्रिल के वेतन ना मिली। एह संबंध में निगम के एमडी रिया केजरीवाल एक मई के आदेस जारी कइले बाड़ें। हालांकि पंजीकरण ना करावे वाला नियमित आ संविदाकर्मियन के कुल संख्या लगभग दस हजार बा।
ओहिजा, दूसरका ओर जिम्मेदार बहुते नियमित इंजीनियरन आ कर्मियन के खातन में वेतन ट्रांसफर कs दिहल लो। एह वेतन के खाता से कर्मचारी ना निकाल पावे लो, एकरा खातिर कार्यवाही चल रहल बा। संगही पंजीकरण ना करे वाला नियमित कर्मियन के कारण बताओ नोटिस जारी हो सकत बा। आधिकारिक जानकारी में एगो अफसर बतवलें कि अभी विभाग के नियमित 1800 इंजीनियरन आ कर्मियन के वेतन रोकल गइल बा। जबकि संविदाकर्मियन के अप्रिल तक के वेतन रोकल नइखे गइल। बाकिर, जे संविदाकर्मी मई में पंजीकरण ना करी लो ओकरा जून में वेतन ना मिली।
मध्यांचल निगम के तहत लखनऊ, रायबरेली, उन्नाव ,हरदोई, सीतापुर, लखीमपुर, बाराबंकी, अयोध्या, बहराइच, गोंडा, श्रावस्ती, बलरामपुर, अंबेडकरनगर, सुल्तानपुर, अमेठी, बरेली, शाहजहांपुर, बदायूं, पीलीभीत जनपदों के कार्यालयन आ उपकेंद्रन पs कुल 7779 नियमित इंजीनियर आ कर्मचारी कार्यरत बा लो।
जेई संगठन कइलस पंजीकरण का विरोध
फेशियल अटेंडेंस के पंजीकरण ना करे वालन में नियमित कर्मियन में जूनियर इंजीनियर आ उपकेंद्र के तकनीकी कर्मचारी जादे बा लो। एमडी अइसन कर्मियन के सूची जारी कइलस, जेमे लखनऊ के जूनियर इंजीनियर सर्वाधिक बा लो। अइसन जूनियर इंजीनियर सवाल पs जवाब दिहल लो कि उनकर संगठन फेशियल अटेंडेंस पंजीकरण के विरोध कइले बा, एहिसे आदेस नइखे मान रहल लो।
एजेंसी ना कइलस पंजीकरण
गोमतीनगर सर्किल अफसर आशीष सिन्हा बतवलें कि संविदा एजेंसी के लापरवाही के कारण कुछ उपकेंद्रन पs कर्मियन के पंजीकरण नइखे हो हो सकल। ऊ बतवलें कि गोमतीनगर जोन में एही कारण से संविदाकर्मियन के पंजीकरण ना हो सकल।
Read Also: