Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

टी-20 इंटरनेशनल क्रिकेट में नेपाल के सबसे बड़ जीत: दीपेंद्र के सबसे तेज अर्धशतक, युवराज के रिकॉर्ड तुड़लें; 6 गो नया रिकॉर्ड बनल

1,458

एशियन गेम्स में बुध के नेपाल मंगोलिया के 273 रनन से हराके टी-20 इंटरनेशनल क्रिकेट में सबसे बड़ जीत के वर्ल्ड रिकॉर्ड बना देलें। पहिले बल्लेबाजी करत नेपाल के टीम 20 ओवर में 3 विकेट खोके 314 बनवलें। जवाब में मंगोलिया 13.1 ओवर में 41 रन पs ऑलआउट हो गइल।

नेपाल के टीम आ खिलाड़ी 6 रिकॉर्ड तुड़ल, सबसे जादे 26 छक्का लगवलास:

  • 300+ रन बनाने वाली पहिला टीम
  • 314/3 हाइएस्ट टीम स्कोर
  • 34 गेना पs कुशल मल्ला सबसे तेज T20I शतक लगवलें।
  • 9 गेना पs दीपेंद्र सिंह सबसे तेज T20I अर्धशतक लगवलें।
  • 26 छक्का लगवलें एक इनिंग में
  • 273 रन के टी-20 इंटरनेशनल क्रिकेट में सबसे बड़ जीत

दीपेंद्र सबसे तेज हाफ सेंचुरी लगवलें

नेपाल के दीपेंद्र सिंह टी-20 इंटरनेशनल क्रिकेट में सबसे तेज हाफ सेंचुरी जमावे के भारतीय बल्लेबाज युवराज सिंह के वर्ल्ड रिकॉर्ड तुड़ देलें बाड़ें। दीपेंद्र चीन के हुआंगझोउ में चल रहल एशियन गेम्स मेंस क्रिकेट में मंगोलिया के खिलाफ महज 9 गेना में अर्धशतक पूरा कs लेलें।

ऊ अपना पारी में कुल 10 गेना खेललें आ 8 छक्का के मदद से 52 रन बनवलें। युवराज 2007 टी-20 वर्ल्ड कप में इंग्लैंड के खिलाफ 12 गेना पs हाफ सेंचुरी जमवलें रहस थी। युवराज ओहि मैच में स्टुअर्ट ब्रॉड के एक ओवर में लगतार 6 छक्का जड़ले रहस।

कुशल मल्ला सबसे तेज सेंचुरी लगवलें

तीसरका नंबर पs बल्लेबाजी करे आइल कुशल मल्ला खाली 34 गेना पs शतक जड़ देलें। ई टी-20 इंटरनेशनल क्रिकेट में सबसे तेज सेंचुरी बा।

एकरा पहिले ई रिकॉर्ड संयुक्त रूप से डेविड मिलर आ रोहित शर्मा के नाम पs दर्ज रहे। दुनों बल्लेबाज 35 गेना पs T20I में शतक लगावे के कारनामा कइले रहे।

नेपाल सबसे बड़ टीम स्कोर बनवलस 

नेपाल एह मैच में टी-20 इंटरनेशनल में सबसे बड़ टीम स्कोर के वर्ल्ड रिकॉर्ड तुड़ देलस। नेपाल के टीम मंगोलिया के खिलाफ 20 ओवर में 3 विकेट गवां के 314 रन बनवलस। वर्ल्ड रिकॉर्ड अफगानिस्तान के नामे रहे। अफगान टीम 2019 में आयरलैंड के खिलाफ 20 ओवर में 3 विकेट खोके 278 रन बनवले रहस।

नेपाल के टीम मंगोलिया के खिलाफ 20 ओवर में 3 विकेट खोके 314 रन बनवलस।

मेंस में 18 टीम हिस्सा ले रहल बाड़ी सs 

क्रिकेट के सब मैच झीजांग यूनिवर्सिटी ऑफ टेक्नोलॉजी पिंगफेंग क्रिकेट फील्ड के मैदान पs खेलल जाई। मेंस में 18 टीम पार्टिसिपेट कs रहल बाड़ी सs। टूर्नामेंट टी-20 फॉर्मेट में खेलल जा रहल बा।

एक जून 2023 तक ICC रैंकिंग में एशिया के टॉप-4 नंबर पs रहल टीमन के सीधे क्वार्टर फाइनल में एंट्री मिली। एही डेडलाइन के हिसाब से बाकी टीमन के रैंकिंग आ मैच तय होई।

होंगझू में झीजांग यूनिवर्सिटी के एह ग्राउंड पs एशियन गेम्स क्रिकेट के सब मैच होई।
649590cookie-checkटी-20 इंटरनेशनल क्रिकेट में नेपाल के सबसे बड़ जीत: दीपेंद्र के सबसे तेज अर्धशतक, युवराज के रिकॉर्ड तुड़लें; 6 गो नया रिकॉर्ड बनल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.