Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दूसरा टेस्ट पहिला दिन भारत बनवलस 288 रन: 500वां इंटरनेशनल मैच खेल रहल कोहली 87 पs नाबाद लवटलें, जायसवाल-रोहित के फिफ्टी

609

टीम इंडिया वेस्टइंडीज के खिलाफ सीरीज के दूसरा टेस्ट के पहिला पारी में मजबूत सुरुआत कइले बिया। पहिला दिन के खेल खतम होखे तक भारत चार विकेट पs 288 रन बना लेले बा। 500वां इंटरनेशनल मुकाबला खेल रहल विराट कोहली अर्धशतकीय पारी खेललें, ऊ 87 रन बनाके नॉटआउट रहलें। उनका संगे रवींद्र जडेजा 36 रन बनाके नॉटआउट रहलें।

कप्तान रोहित शर्मा 80, यशस्वी जायसवाल 57, शुभमन गिल 10 रन आ अजिंक्य रहाणे 8 रन बनाके आउट भइल लो। वेस्टइंडीज से केमार रोच, शैनन गेब्रियल, जोमेल वारिकन आ जेसन होल्डर एक-एक विकेट लिहल लो।

पोर्ट ऑफ स्पेन में भारत आ वेस्टइंडीज के बीच ई 100वां टेस्ट मैच खेलल जा रहल बा। दुनो टीम 1948 में पहिला बेर टेस्ट खेलले रहे। मैच से पहिले भारतीय कप्तान रोहित शर्मा आ वेस्टइंडीज के कप्तान क्रैग ब्रेथवेट के वेस्टइंडीज क्रिकेट के दिग्गज मोमेंटो गिफ्ट कइल।

कोहली जमवलें 30वां टेस्ट अर्धशतक

बैटर विराट कोहली टेस्ट करियर के 30वां अर्धशतक लगवलें। तीनों फॉर्मेट मिलाके ई उनकर 132वां इंटरनेशनल फिफ्टी हs। ऊ वनडे में 65 आ टी-20 में 37 अर्धशतक लगवलें बाड़ें।

कोहली-जडेजा के नाबाद शतकीय साझेदारी

182 रन के स्कोर पs 4 विकेट गंववला के बाद कोहली आ जडेजा के जोड़ी टीम इंडिया के वापसी करवलस। दुनो 5वां विकेट खातिर 201 बॉल पs 106 रन के शतकीय साझेदारी कइले बा लो। दुनो दिन के खेल खतम होखे तक नॉटआउट रहल लो आ टेस्ट के दूसरका दिन भारत के पारी आगे बढ़ाई लो। दूसरका दिन के खेल भारतीय समय के मोताबिक सांझ 7:30 बजे से सुरू होई।

पहिला दिन के खेल सेशन-दर-सेशन…

सेशन-1: भारतीय ओपनर्स फिफ्टी लगावल लो

पहिला दिन के पहिला सेशन भारतीय ओपनर्स के नाम रहल। दुनो शतकीय साझेदारी कइल लो। रोहित शर्मा करियर के 15वां फिफ्टी लगवलें। ओहिजा यशस्वी जायसवालो फिफ्टी लगवलें। लंच होखे तक टीम इंडिया बिना विकेट गंववलें 121 रन बनवलें।

सेशन-2: कैरेबियन गेंदबाज 4 विकेट लिहल लो

रहाने आठ रन बनाके आउट हो गइलें।

दूसरका सेशन मेजबान वेस्टइंडीज के गेंदबाजन के नाम रहल। एह सेशन में टीम इंडिया 61 रन बनावे में चार विकेट गंवा देलस। जायसवाल 57, रोहित शर्मा 80, गिल 10 आ रहाणे 8 रन बनाके आउट भइल लो। केमार रोच, शैनन गेब्रियल, जोमेल वारिकन आ जेसन होल्डर के एक-एक विकेट मिलल।

सेशन-3: कोहली-जडेजा सेंचुरी पार्टनरशिप कइल लो

दिन के तीसरा सेशन दिग्गज बल्लेबाज विराट कोहली आ रवींद्र जडेजा के नाम रहल। दुनो खिलाड़ी 106 रन के नाबाद शतकीय साझेदारी कs के टीम इंडिया के वापसी करावल लो। एह सेशन में टीम इंडिया बिना विकेट गंववलें 106 रन बनवलें। सेशन आ दिन के खेल खतम होखला पs कोहली आ जडेजा नाबाद लवटल लो।

यशस्वी लगवलें फिफ्टी

डेब्यू टेस्ट में शतक लगावे वाला यशस्वी 74 गेना में 57 रन बनाके आउट भइलें। उनका के जेसन होल्डर कर्क मैकेंजी के हाथन कैच करवलें।

कप्तान रोहित शर्मा आ यशस्वी जायसवाल शतकीय साझेदारी निभावल

रोहित-जायसवाल में एगो आउर सेंचुरी पार्टनरशिप

भारतीय कप्तान रोहित शर्मा आ यशस्वी जायसवाल के ओपनिंग जोड़ी शतकीय साझेदारी कइलस। दुनो पहिला विकेट खातिर 194 बॉल पs 139 रन जोड़ल लो। पहिला मुकाबला में ई जोड़ी 229 रन के ओपनिंग पार्टनरशिप कइले रहे।

मुकेश कुमार के डेब्यू कैप

भारत के टीम में एगो बदलाव भइल। शार्दूल ठाकुर के जगे तेज गेंदबाज मुकेश कुमार के मवका दिहल गइल। शार्दूल ठाकुर फिट ना होखला के वजह से बाहर हो गइलें। वेस्टइंडीज के खिलाफ मुकेश के ई डेब्यू टेस्ट हs। वेस्टइंडीज के टीम में एगो बदलाव भइल। रेमन रीफर के जगह कर्क मैकेंजी के मवका मिलल बा। ई मैकेंजी के डेब्यू टेस्ट हs।

दुनो टीमन के प्लेइंग-11…

भारत: रोहित शर्मा (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, शुभमन गिल, विराट कोहली, अजिंक्य रहाणे, ईशान किशन, रवींद्र जडेजा, रविचंद्रन अश्विन, मोहम्मद सिराज, जयदेव उनादकट आ मुकेश कुमार।

वेस्टइंडीज: क्रैग ब्रैथवेट (कप्तान), तेजनारायण चंद्रपॉल, कर्क मैकेंजी, जर्मेन ब्लैकवुड, एलीक एथनाज, जोशुआ डा सिल्वा, जेसन होल्डर, अल्जारी जोसेफ, केमार रोच, जोमेल वारिकन आ शैनन गेब्रियल।

दोनों टीमन के बीच ई 100वां टेस्ट मैच हs। दुनो देसन में पहिला टेस्ट मैच 1948 में खेलल गइल रहे। दुनो टीम करीब 7 साल बाद क्वींस पार्क मैदान पs टेस्ट मैच खेल रहल बाड़ी सs। इहां दुनो के बीच आखिरी टेस्ट 2016 में खेलल गइल, जवन ड्रॉ रहल रहे। वेस्टइंडीज के खिलाफ भारत जदि ई मैच जीत लेत बा तs ओकर कैरेबियाई टीम पs लगातार नवां टेस्ट सीरीज जीत होई।

605010cookie-checkदूसरा टेस्ट पहिला दिन भारत बनवलस 288 रन: 500वां इंटरनेशनल मैच खेल रहल कोहली 87 पs नाबाद लवटलें, जायसवाल-रोहित के फिफ्टी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.