गोरखपुर के नौसड़ पुलिस चौकी में बेखौफ बियर पियत रहे जुवक, बगल में बइठल रहे सिपाही, फोटो वायरल- निलंबित

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2024

गीडा थाना के नौसड़ पुलिस चौकी में ट्रैवल्स में गाड़ी चलवावे वाला जुवक के बियर पीयत फोटो वायरल हो गइल। ऊ बकायदा सिपाही के बगल के कुर्सी पs बइठ के बियर पीयत रहे। एसएसपी आरोपी

Share

गीडा थाना के नौसड़ पुलिस चौकी में ट्रैवल्स में गाड़ी चलवावे वाला जुवक के बियर पीयत फोटो वायरल हो गइल। ऊ बकायदा सिपाही के बगल के कुर्सी पs बइठ के बियर पीयत रहे। एसएसपी आरोपी कांस्टेबल चंद्रभान सिंह के कर्तव्यों के प्रति घोर लापरवाही बरतला के आरोप में निलंबित कs देलें। चौकी इंचार्ज अरुण सिंह के भूमिका के जांच करावल जा रहल बा। एसएसपी विभागीय जांच के निरदेसो देले बाड़ें।

वायरल फोटो में चौकी में बइठके बियर पीता जुवक कइयन गो गाड़ियन के संचालन करावेला। ओकर कुछ दिन पहिले केहू से विवाद हो गइल रहे। आपन फरियाद लेके ऊ चौकी पs आइल। ऊ सिपाही चंद्रभान सिंह के लगे बइठ गइल आ  ओहिजा बियर मंगाके पीये लागल। दूसरका पक्ष एकर वीडियो बना लेलस आ सोशल मीडिया पs वायरल कs देलस। वायरल वीडियो चुनाव के बेरा के बतावल जा रहल बा।
एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर बतवलें कि ममिला संज्ञान में आवे पs आरोपी सिपाही के निलंबित कs के विभागीय जांच के आदेस दिहल गइल बा। जांच के आधार पs आगे के कार्रवाई कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.