उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ के हजरतगंज में स्थित बाजपेयी कचौरी भंडार पs जीएसटी टीम के छापामारी के चलते शुक के हलचल मच गईल। मिलल जानकारी के मुताबिक जीएसटी के अधिकारी लेखा गड़बड़ी अवुरी कर चोरी पs इ कार्रवाई कईले बाड़े। एह दौरान सुरक्षाकर्मी भी बाहर मौजूद रहले.
मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक जीएसटी के टीम शुक के रात के करीब 12:30 बजे पहुंचल अवुरी बाजपेयी कचौरी के मालिक से पूछताछ शुरू कs देलस। दुकान के मशीन आ रजिस्टर जब्त कs लिहल गइल बा. वित्तीय दस्तावेज के समीक्षा कईला के बाद विस्तृत रिपोर्ट तैयार कईल जाई अवुरी कर चोरी के हिसाब दिहल जाई।
हजरतगंज में स्थित मशहूर दुकान में रोजाना के लेनदेन, बिक्री अवुरी कर चोरी के दस्तावेज के जांच शुरू कईले। रजिस्टर आ बिल के मिलान में खामी पावल गइल. एकरा बाद अधिकारी खुद दोकान में बईठ के हिसाब-किताब के सुलह करे लगले। जानकारी के मुताबिक, इहाँ दिहल गईल टैक्स लेनदेन से कम देखावल गईल बा।
इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं