[the_ad_group id="30365"]

मोतिहारी में पुलिस-डकैतन में मुठभेड़.. दु डकैत ढेर: पुलिस पs फेंकलें 14 बम, जवाब में 25 राउंड फायरिंग; तीन पुलिसकर्मी घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के मोतिहारी में डकैती डाले आइल डकैतन आ पुलिस के बीच मुठभेड़ भइल बा। एमे दु डकैत मारल गइलें। डकैतन के बमबाजी में तीन पुलिस वाला जख्मियो भइल बा लो। मुठभेड़ अतवार देर रात 2 बजे भइल बा, जवन करीब एक घंटा चली। डकैतन के संख्या 30 बतावल जा रहल बा।

मुठभेड़ के दौरान डकैत 14 से बेसी बम पुलिस पs फेंकले सs। जवाब में पुलिस के तरफ से 20 से 25 राउंड फायरिंग कइल गइल बा।

एनकाउंटर घोड़ासन थाना क्षेत्र के पूर्णाहिया गांव में भइल। बतावल जात बा कि पुलिस के सूचना मिलल रहे कि डकैत गांव में वारदात के अंजाम देवे आ रहल बाडें सs। एकरा बाद पुलिस मवका पs पहुंचल।

पुलिस के देखतही डकैत बमबाजी सुरू कs देले सs। एह घटना में तीन पुलिस कर्मी घायल हो गइल लो। पुलिस जवाबी कार्रवाई कइलस, जेमे दूर डकैत को ढेर हो गइल लो। एसपी कांतेश कुमार मिश्रा घटना स्थल पs कैंप कs रहल बाड़ें।

मुठभेड़ में मिलल कुल्हाड़ी आ सरिया।

डाका डाले के रहे योजना

पुलिस के सूचना मिलल रहे कि डकैत घोड़ासहन थाना क्षेत्र के पुरणहिया में एगो घर में डाका डाले आवे वाला बा लो। पुलिस के टीम मवका पs पहुंचल। पुलिस के देखतही डकैत बम फेंकल सुरू कs दिहल लो। बमबाजी में तीन पुलिसकर्मी घायल हो गइल बा लो। घायल पुलिस वालन के पहचान बलराम सिंह (45), बिट्टू कुमार (25) आ शुभम कुमार(24) के रूप में भइल बा। ओह  लोगन के सदर अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

मुठभेड़ में बलराम सिंह, बिट्टू कुमार आ शुभम कुमार (बायां से) घायल भइल बा लो।

एसपी बोललें-पूरा तइयारी से आइल रहले सs डकैत

मोतिहारी एसपी कांतेश कुमार मिश्रा समेत कइयन थानन के पुलिस मवका पs कैंप कर रहल बिया। एसपी बतवलें कि डकैती के सूचना मिलला के बाद मवका पs पुलिस के टीम भेजल गइल रहे। डकैत पूरा तइयारी के संगे आइल रहले सs। ऊ बम, गैस कटर आ खंती से लैस रहले सs। पुलिस के देखतही डकैत हमला बोल देले सs।

एकरा बाद पुलिस के तरफ से जवाबी कार्रवाई कइल गइल। एमे दु डकैत ढेर हो गइल। नेपाली सीमा के रस्ता पs खून के धब्बा मिलल बा। एसे साफ बा कुछ डकैत घायलो भइल बाड़े सs। नेपाल पुलिस से संपर्क कs के सर्च अभियान चलावल जा रहल बा। मुठभेड़ में मारल गइल डकैतन के तस्वीर नेपाल पुलिस के पहचान खातिर भेजल गइल बा।

मवका पs मवजूद एसपी कांतेश कुमार मिश्रा आ आउर पुलिस कर्मी।

30 के संख्या में रहलें सs डकैत

एसपी कांतेश कुमार मिश्रा बतवलें कि डकैत करीब 30 के संख्या में रहलें सs। उनका ओर से करीब 12 राउंड फायरिंग कइल गइल, बमबाजियो भइल। हमनी के टीम मुस्तैदी से जवाब दिहल। जेमे दु बदमाशन के गोली लागल, जेकर इलाज के दौरान मौत हो गइल। मृतकन के फोटो आसपास के थानन आ नेपाल भेजल जा रहल बा, ताकि पहचान हो पाये।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]