[the_ad_group id="30365"]

डोडा जिला में आतंकी सेना पs भइल हमला, एगो अधिकारी सहित 5 जवान घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

डोडा जिला के एगो जंगली इलाका में सोमार के रात आतंकी आ सुरक्षा बल के बीच मुठभेड़ हो गइल. एह मुठभेड़ में सेना के एगो अधिकारी समेत पांच सुरक्षाकर्मी गंभीर रूप से घाही हो गईले। अधिकारी एकरा बारे में जानकारी देले। अधिकारी बतवले कि जम्मू-कश्मीर पुलिस के राष्ट्रीय राइफल्स अवुरी स्पेशल ऑपरेशन ग्रुप के जवान दुपहर करीब 2.45 बजे देसा वन क्षेत्र के धारी गोटे उर्बागी में संयुक्त घेराबंदी अवुरी तलाशी अभियान शुरू कईले। एकरा बाद मुठभेड़ शुरू हो गईल।

अधिकारी बतवले कि बीस मिनट से अधिका समय ले चलल गोलीबारी में एगो अधिकारी अवुरी पुलिसकर्मी समेत चार सेना के जवान घाही हो गईले। अधिकारी बतवले कि घाही लोग के अस्पताल पहुंचावल गईल बा, जहां उनुकर हालत गंभीर बनल बा। सेना के कहना बा कि एह इलाका में अतिरिक्त सैनिक भेजल गइल बा आ आखिरी जानकारी मिलला ले ई अभियान जारी बा. अधिकारी के मुताबिक इलाका में आतंकी के मौजूदगी के जानकारी के बाद इs अभियान शुरू कईल गईल। पुलिस प्रवक्ता मुठभेड़ के पुष्टि कईले, कहले कि अवुरी विवरण के इंतजार बा। सेना के 16वीं कोर, जेकरा के व्हाइट नाइट कोर भी कहल जाला, सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs जारी एगो पोस्ट में कहलस कि, एs इलाका में सुदृढीकरण भेजल गईल बा, ऑपरेशन जारी बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]