[the_ad_group id="30365"]

बनारस के पुलिस चौकी के वसूली लिस्ट भइल वायरल, अमिताभ ठाकुर के शिकायत पर पुलिस कमिश्नर दिहलें जांच के आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एक बेर फिर यूपी पुलिस के कथित वसूली लिस्ट वायरल भइल बा। एह बेर वाराणसी के चौक थाना से जुड़ल पियरी चौकी के लिस्ट वायरल बा। चौक उहे थाना हवें जेकरे अंतर्गत काशी विश्वनाथ मंदिर ज्ञानवापी मस्जिद के इलाका आवsला। वाराणसी के प्रमुख व्यावसायिक केंद्र साड़ी के गद्दी भी ज्यादातर एही थाना के इलाका में बानें। अमिताभ ठाकुर लिस्ट के ट्वीट करत शिकायत कइलें त वाराणसी पुलिस कमिश्नर संज्ञान में लिहलें बानें। तत्काल जांच के आदेश दे दिहल गइल बा। एसे पहिलहूँ वाराणसी के चितईपुर थाना अउर पड़ोसी जिला चंदौली के मुगलसराय थाना के लिस्ट सोझे आइल बा।

पूर्व आईपीएस अफसर अउर अधिकार सेना के संयोजक अमिताभ ठाकुर ट्वीट कs के चौक थाना के पियरी चौकी से संबंधित कथित तौर पर वसूली सूची जारी कइलें बानें। एह सूची में ज्यादातर नाम एक वर्ग के भी दिखाई दे रहल बा। अमिताभ ठाकुर बतवलें कि उनके विश्वस्त सूत्र से ई सूची मिलल बा। ई सूची अगस्त 2022 के वसूली के सूची बतावल गइल बा।

एह सूची में कई लोग के नाम अउर ओनसे मिलल पइसा लिखल बा। अमिताभ ठाकुर के अनुसार सूचना देवे वाले बतवलें कि एहमें कई अपराधियन के नाम भी बा, जेमे एगो अपराधी कुछ दिन पहिलही जेल से छूटल बा। अमिताभ ठाकुर एकर शिकायत पुलिस आयुक्त से कs के जांच कs के कार्रवाई के मांग कइलें बाड़न। पुलिस आयुक्त ए सतीश गणेश एकर जांच डीसीपी काशी जोन के सौंपले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]