IML 2025 : एगो आउर फाइनल में पहुंचल भारतीय टीम, ऑस्ट्रेलिया मास्टर्स के 94 रन से हराके फाइनल में पहुंचल सचिन के टीम

Anurag Ranjan

स्पोर्ट्स डेस्क : इंटरनेशनल मास्टर्स लीग 2025 (IML 2025) के पहिला सेमीफाइनल में सचिन तेंदुलकर के कप्तानी वाली इंडिया मास्टर्स (India Masters) ऑस्ट्रेलिया मास्टर्स (Australia Masters) के 94 रन के बड़ अंतर से हराकर फाइनल में जगह बनवलस। 13 मार्च के रायपुर में भइल मुकाबला पूरा तरे से एकतरफा रहल। पहिले बल्लेबाजी करत, इंडिया मास्टर्स 20 ओवर में 221 रन बनवलस आ ऑस्ट्रेलिया मास्टर्स के मात्र 126 रन पs ढेर कs दिहल। एह तरे इंडिया मास्टर्स 94 रन से जीत हासिल कइलस आ फाइनल में प्रवेश कइलस।

सचिन-युवराज के धमाकेदार बैटिंग

इंडिया मास्टर्स के ओर से बल्लेबाज बेहतरीन प्रदर्शन कइलस। ऑस्ट्रेलिया टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी चुनले रहे। इंडिया मास्टर्स के ओर से अंबाती रायुडू आ सचिन तेंदुलकर ओपनिंग कइल लो। रायुडू दूसरका ओवर में आउट हो गइलें, बाकिर सचिन सानदार बल्लेबाजी कइलें। ऊ 30 गेना में 42 रन बनवलें, जेमे 7 चौका सामिल रहे। एकरा बाद युवराज सिंह छक्कन के बौछार कs देलें आ खाली 30 गेना में 7 छक्कन आ 1 चौका के मदद से 59 रन बनवलें।

युवराज के बाद स्टुअर्ट बिन्नी 21 गेना में 36 रन बनवलें, जबकि यूसुफ पठान आ इरफान पठान अहम जोगदान दिहल लो। यूसुफ 10 गेना में 23 रन आ इरफान 7 गेना में 19 रन बनवलें। एह तरे से इंडिया मास्टर्स 7 विकेट के नुकसान पs 220 रन बनवलस, जवन ऑस्ट्रेलिया खातिर एगो विशाल लक्ष्य साबित भइल।

गेंदबाजी में शहबाज नदीम के सानदार प्रदर्शन

इंडिया मास्टर्स के गेंदबाजियो जबरदस्त रहल। शहबाज नदीम 4 ओवर में खाली 15 रन देके 4 विकेट चटकवलें। उनकर सानदार स्पेल के कारण ऑस्ट्रेलिया के बल्लेबाजी चूर-चूर हो गइल। विनय कुमार दुगो सुरुआती विकेट लेलें, आ फेर नदीम कंगारू टीम के मिडिल ऑर्डर के पूरा तरे से तुड़ देलें। इरफान पठान दु विकेट लेलें, जबकि स्टुअर्ट बिन्नी आ पवन नेगी के 1-1 विकेट मिलल।

ऑस्ट्रेलिया के टीम 221 रन के लक्ष्य के पीछा करत 126 रन पs ढेर हो गइल आ मैच 94 रन से हार गइल। एह तरे से इंडिया मास्टर्स सानदार जीत के संगे फाइनल में स्थान बना लेलस, जहां उनकर मुकाबला 16 मार्च के ओहि मैदान पs होई।

Read Also: MI vs GG : मुंबई सातवां बेर गुजरात के हराके फाइनल में पहुंचल, दिल्ली से होई खिताबी मुकाबला

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment