Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

SRH vs MI Highlights: कैमरन ग्रीन मुंबई के हैदराबाद पs दिलवलें जीत, आखिरी ओवर में अर्जुन तेंदुलकर के कमाल

1,628

मुंबई इंडियंस आईपीएल के 16वां सीजन के 25वां मुकाबला में सनराइजर्स हैदराबाद के ओकरा होमग्राउंड पs 14 रन से हरा देलस। एह जीत के संगही मुंबई के टीम दु अंक हासिल कs लेलस। ओकर अब पांच मैचन में छव अंक हो गइल बा। रोहित शर्मा के टीम छठा स्थान पs पहुंच गइल बिया। ओहिजा, हैदराबाद के ई तीसरा हार हs आ ऊ अंक तालिका में नवा पायदान पs बिया।

सनराइजर्स के कप्तान एडेन मार्करम ने टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी के फैसला कइलें। मुंबई 20 ओवर में पांच विकेट पs 192 रन बनवलस।।जवाब में हैदराबाद के टीम 19.5 ओवर में 178 रन पs ऑलआउट हो गइल।

रिले मेरेडिथ सानदार गेंदबाजी कइलें – फोटो : IPL/BCCI

मुंबई के लगातार तीसरा जीत

एह हार के संगही सनराइजर्स के जीत के क्रम टूट गइल बा। ओकरा पिछला दु मुकाबलन में सफलता मिलल रहे, बाकिर ऊ जीत के हैट्रिक ना लगा सकल। ओहिजा, मुंबई के ई लगातार तीसरका जीत हs।

अर्जुन तेंदुलकर – फोटो : IPL/BCCI

अंतिम ओवर में अर्जुन 20 रन बचवलें

सनराइजर्स हैदराबाद के आखिरी ओवर में 20 रन के जरूरत रहे। मुंबई के कप्तान रोहित शर्मा जुवा अर्जुन तेंदुलकर के गेंदबाजी खातिर बोलवलें। अर्जुन कप्तान के भरोसा के सही साबित कइलें आ खाली चार रन देलें। उनका एह ओवर में दु गो विकेटो गिरल। दूसरका गेना पs अब्दुल समद रनआउट हो गइलें आ पांचवां गेना पs अर्जुन तेंदुलकर भुवनेश्वर कुमार के रोहित शर्मा के हाथे कैच कराके सनराइजर्स के पारी के समेट देलें।

विकेट लेला के बाद अर्जुन तेंदुलकर – फोटो : IPL/BCCI

अर्जुन के मिलल पहिला सफलता

आईपीएल में अर्जुन के पहिला सफलता मिलल बा। अर्जुन 2.5 ओवर में 18 रन देलें। उनका एगो सफलता मिलल। उनका पिछला मैच में कोलकाता नाइटराइडर्स के खिलाफ डेब्यू करे के मौका मिलल रहे। तब अर्जुन दु ओवर में 17 रन देलें रहलें। ऊ दुनो मैचन में अपना गेंदबाजी से प्रभावित कइलें बाड़े।

सनराइजर्स हैदराबाद बनाम मुंबई इंडियंस – फोटो : IPL/BCCI

सनराइजर्स के बल्लेबाज फेल

सनराइजर्स खातिर मात्र पांच बल्लेबाज दहाई के आंकड़ा पार कs सकल लो। मयंक अग्रवाल 41 गेना पs सबसे जादे 48 रन बनवलें। हेनरिच क्लासेन 16 गेना पs 36 रन बनवलें।एडेन मार्करम 22, मार्को यानसेन 13 आ वाशिंगटन सुंदर 10 रन बनवलें। हैरी ब्रूक 9, राहुल त्रिपाठी 7 आ अभिषेक शर्मा एक रन बनाके आउट भइलें।

अब्दुल समद – फोटो : IPL/BCCI

अब्दुल समद कइलें निराश

अब्दुल समद से आखिरी ओवरन में टीम के विस्फोटक बल्लेबाजी के उमेद रहे, बाकिर ऊ 12 गेना पs 9 रन बना सकलें। मुंबई खातिर जेसन बेहरेनडॉर्फ, रिले मेरेडिथ आ पीयूष चावला दु-दु  विकेट लेलें। अर्जुन तेंदुलकर आ कैमरन ग्रीन के एक-एक सफलता मिलल।

कैमरन ग्रीन – फोटो : IPL/BCCI

17.50 करोड़ के कैमरन ग्रीन चमकलें

मुंबई के बात करीं तs ओकरा खातिर सबसे जादे रन ऑस्ट्रेलिया के कैमरन ग्रीन बनवलें। ग्रीन 40 गेना पs नाबाद 64 रन के पारी खेललें। उनका के मुंबई इंडियंस अबकी बेर नीलामी में 17.50 करोड़ रुपिया में किनले रहे। ग्रीन मुंबई फ्रेंचाइजी के फैसला के सही साबित करत आईपीएल में आपन पहिला अर्धशतक लगवलें। ऊ एगो विकेटो लेलें। ग्रीन के प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल।

ईशान किशन – फोटो : IPL/BCCI

किशन, तिलक आ रोहित तेजी से बनावल लो रन

ईशान किशन 31 गेना पs 38 आ तिलक वर्मा 17 गेना पs 37 रन बनवलें। कप्तान रोहित शर्मा 18 गेना पs 28 आ टिम डेविड 11 गेना पs 16 रन के जोदान देलें। सूर्यकुमार यादव 7 रन बनाके आउट भइलें। सनराइजर्स खातिर मार्को यानसेन सबसे जादे दु विकेट लेलें। भुवनेश्वर कुमार आ टी नटराजन के एक-एक सफलता मिलल।

रोहित शर्मा – फोटो : IPL/BCCI

रोहित शर्मा हासिल कइलें खास उपलब्धि

रोहित शर्मा अपना छोट पारी में एगो बड़ उपलब्धि हासिल कs लेलें। ऊ आईपीएल में आपन छव हजार रन पूरा कs लेलें। रोहित के आईपीएल के 232 मैचन में 6014 रन हो गइल। रोहित शर्मा छव हजार से जादे रन बनावे वाला चउथा खिलाड़ी बन गइलें। रोहित शर्मा विराट कोहली, शिखर धवन आ डेविड वॉर्नर के खास क्लब में खुद के सामिल कs लेलें। आईपीएल में सबसे जादे रन विराट कोहली के नाम बा। ऊ 228 मैचन में 6844 रन बनवलें बाड़ें। शिखर धवन के 210 मैचन में 6477 आ डेविड वॉर्नर के 167 मैच में 6109 रन बा।

521030cookie-checkSRH vs MI Highlights: कैमरन ग्रीन मुंबई के हैदराबाद पs दिलवलें जीत, आखिरी ओवर में अर्जुन तेंदुलकर के कमाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.