नोएडा में थार के कहर: जानलेवा स्टंट करत बाइक-स्कूटी के मरलस टक्कर

Minee Upadhyay

दिल्ली से सटल उत्तर प्रदेश के नोएडा शहर में तेज रफ्तार अवुरी लापरवाह गाड़ी चलावे के मामला सोझा आईल बा। नोएडा के सेक्टर 16 में लापरवाही के सीमा पार कs के एगो थार चालक लापरवाही के सीमा पार कs दिहले बा.  थार के चालक जानलेवा स्टंट करत घरी बाइक-स्कूटी के टक्कर मार के मौका से फरार हो गईल। एह पूरा घटना के चौंकावे वाला वीडियो सामने आइल बा.

पूरा बात का बा?

नोएडा के सेक्टर 16 में स्थित कार बाजार में एगो थार चालक सड़क के गलत ओर गाड़ी चला के जानलेवा स्टंट कईलस। जानकारी के मुताबिक गाड़ी पs स्टिकर लगा के जवन विवाद भईल ओकरा में थार चालक इs जानलेवा स्टंट कईले अवुरी बाइक-स्कूटी के टक्कर मार के भाग गईल। एह घटना के एगो डरावना वीडियो सामने आइल बा. वीडियो में साफ-साफ देखाई देता कि ड्राइवर लापरवाही से गाड़ी के तेज चलावत बा अवुरी बाइक-स्कूटी से टकरा के तेज रफ्तार से भागता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment