UP News: बदायूं में करणी सेना के कार्यकर्ता के गोली मारके हत्या, मुख्य आरोपी गिरफ्तार; दु लो फरार

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 16, 2024

उत्तर प्रदेश के बदायूं जिला में एगो सनसनीखेज घटना घटल बा। दातागंज कोतवाली इलाका में सोमार के रात गांव सादुल्लागंज निवासी सुधीर कुमार सिंह (40) के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल। सुधीर सिंह

Share

उत्तर प्रदेश के बदायूं जिला में एगो सनसनीखेज घटना घटल बा। दातागंज कोतवाली इलाका में सोमार के रात गांव सादुल्लागंज निवासी सुधीर कुमार सिंह (40) के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल। सुधीर सिंह करणी आर्मी से जुड़ल रहले। उनकर चचेरा भाई करणी आर्मी के अफसर हउवें। एs घटना से गांव में सनसनी फैल गईल। घटना के जानकारी मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के मुख्य आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस।

सुधीर कुमार सिंह के भाई राजीव बतवले कि सोमार के रात नन्हे नाम के पड़ोसी उनुका भाई सुधीर के गोली मार देले, जवना से उनुका पेट में लाग गईल। गंभीर रूप से घाही सुधीर के तुरंत जिला अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले। राजीव के शिकायत पs पुलिस तीन लोग के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज कs देले बिया। पुलिस मुख्य आरोपी नन्हे के गिरफ्तार कs लेले बिया।

एसएसपी आलोक प्रियदर्शी कहले कि तीन लोग के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज भईल बा। एक आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा, जबकि दूसरा आरोपी के तलाश जारी बा। शुरुआती जांच में पाता चलल बा कि दुनो लोग के बीच कवनो मुद्दा पs विवाद रहे। एही बीच नन्हे सुधीर के गोली मार देले। जादा खून बहला के चलते उनुकर मउत हो गईल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.