Basti News: लइकन से भरल स्कूल वैन अनियंत्रित होके पलटल, 17 गो लइका घायल

Minee Upadhyay
लइकन से भरल स्कूल वैन अनियंत्रित होके पलटल
- Sponsored Ads-

छावनी थाना के सेवरा लाला गांव के लगे एगो लइकन से भरल वैन बेकाबू होके पलट गईल, जवना में 13 लइका घाही हो गईले। घाही लोग के हर्रैया सीएचसी में भर्ती करावल गइल बा जवना में से तीन लोग के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल बा.

अमोड़ा निवासी वैन चालक सोनू सबेरे 7:30 बजे सेवरा लाला गांव से 17 लइकन के संगे किंग लेट मिशन स्कूल अमोड़ा ले जात रहे। एक किलोमीटर गईला के बाद वैन बेकाबू होके पलट गईल। लइकन के आवाज सुन के बगल के गांव के लोग तुरंत मौका पs पहुॅचले अवुरी घाही लइकन के वैन से निकलले।

- Sponsored Ads-

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज

लइका कुल बतवले कि दुर्घटना के समय ड्राइवर मोबाइल पs बात करत रहे। सीओ हर्रैया संजय सिंह कहले कि चालक के खिलाफ कार्रवाई होई।

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।