Basti News: लइकन से भरल स्कूल वैन अनियंत्रित होके पलटल, 17 गो लइका घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 17, 2024

छावनी थाना के सेवरा लाला गांव के लगे एगो लइकन से भरल वैन बेकाबू होके पलट गईल, जवना में 13 लइका घाही हो गईले। घाही लोग के हर्रैया सीएचसी में भर्ती करावल गइल बा जवना

Share

लइकन से भरल स्कूल वैन अनियंत्रित होके पलटल

छावनी थाना के सेवरा लाला गांव के लगे एगो लइकन से भरल वैन बेकाबू होके पलट गईल, जवना में 13 लइका घाही हो गईले। घाही लोग के हर्रैया सीएचसी में भर्ती करावल गइल बा जवना में से तीन लोग के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल बा.

अमोड़ा निवासी वैन चालक सोनू सबेरे 7:30 बजे सेवरा लाला गांव से 17 लइकन के संगे किंग लेट मिशन स्कूल अमोड़ा ले जात रहे। एक किलोमीटर गईला के बाद वैन बेकाबू होके पलट गईल। लइकन के आवाज सुन के बगल के गांव के लोग तुरंत मौका पs पहुॅचले अवुरी घाही लइकन के वैन से निकलले।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज

लइका कुल बतवले कि दुर्घटना के समय ड्राइवर मोबाइल पs बात करत रहे। सीओ हर्रैया संजय सिंह कहले कि चालक के खिलाफ कार्रवाई होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.