फिलिस्तीनी कुल 10 गो भारतीय श्रमिकन के बनवलस बंधक, इजरायल वेस्ट बैंक से छुड़वलस

Minee Upadhyay

भारत से हजारन गो मजदूर काम करे इजराइल गईल बाड़े। हालांकि हालही में खबर सामने आइल बा कि पश्चिमी तट के इलाका में दस गो भारतीय मजदूर लापता हो गइल बाड़े. इजरायली अधिकारी पश्चिमी तट पs लापता दस गो भारतीय निर्माण मजदूरन के पता लगा के सगरी के इजरायल ले आइल बाड़े. एह सब के एगो गाँव से बचा लिहल गइल जहाँ ओह लोग के पासपोर्ट छीन लिहल गइल रहे आ एक महीना से अधिका समय ले बंधक बना के राखल गइल रहे. 

पासपोर्ट लेके इजरायल में घुसे के कोशिश

‘टाइम्स ऑफ इजराइल’ अधिकारियन के हवाला से कहलस कि फिलिस्तीनी लोग काम करे के वादा करत भारतीय मजदूरन के पश्चिमी तट के अल-जयेम गाँव ले गइल रहुवे. फिलिस्तीनी भारतीय मजदूरन के पासपोर्ट लेके ओकरा के इस्तेमाल करत इजरायल में घुसे के कोशिश कइले. मानल जाता कि आईडीएफ पासपोर्ट के अवैध इस्तेमाल के पहचान कईले बा। बाद में ओह लोग के अपना मालिकन के वापस कs दिहल गइल.

मजदूरन के कइसे बचावल गइल?

फिलिस्तीनी लोग भारतीय पासपोर्ट के इस्तेमाल आसानी से सीमा चौकी पार कs के इजरायल में घुसे खातिर कइल. जानकारी के मुताबिक इजरायली रक्षा बल सीमा चौकीकss कुछ संदिग्ध के रोक देलस। एकरा बाद भारतीय मजदूर बरामद हो गईले। जनसंख्या आ आप्रवासन प्राधिकरण इजरायल रक्षा बल (आईडीएफ) आ न्याय मंत्रालय के साथे मिल के रात भर एगो अभियान में मजदूरन के बचा लिहलस. मजदूरन के सुरक्षित जगहा पs ले जाइल गइल बा. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment