भारतीय क्रिकेट कप्तान रोहित शर्मा पs वजन के लेके कांग्रेस नेता शमा मोहम्मद के टिप्पणी पs बवाल थमे के नाम नइखे ले रहल। दरअसल, केंद्रीय खेल मंत्री मनसुख मंडाविया रोहित के बदनाम करे वाला शमा मोहम्मद के पोस्ट के आलोचना कइलें तs एक दिन बाद कांग्रेस प्रवक्ता उनका पs पलटवार किया। हालांकि, शमा रोहित के लेके कइल गइल पोस्ट हटा देले बाड़ी। कांग्रेस नेता भाजपा सांसद कंगना रनौत के एगो पुरान ट्वीट के उठवली, जेमे बॉलीवुड अभिनेत्री 2021 में किसानन के विरोध प्रदर्शन पs रोहित शर्मा के रुख के आलोचना कइले रही। शमा एह पs मंत्री आ उनकर पार्टी के चुप्पी पs सवाल उठवली।
दरअसल, 2021 में भाजपा सांसद किसान आंदोलन के दौरान रोहित शर्मा पs ट्वीट खातिर हमला बोलले रही। रोहित के ओर से किसानन के महत्व के उजागर करे आ समाधान खोजे के आवश्यकता पs जोर देला के बाद कंगना आपन हटावल गइल पोस्ट में अपमानजनक शब्दन के इस्तेमाल कइले रहली। एकरा पs पार्टी के नेता लोगन के चुप्पी पs सवाल उठाके शमा अब मांडविया आ अउरियो भाजपा नेता पs निशाना सधली।
एकरा पहिले केंद्रीय खेल मंत्री मांडविया रोहित के कप्तानी आ फिटनेस स्तर के लेके कांग्रेस प्रवक्ता पs निशाना सधले रहले रहस। मांडविया शमा के बयान के शर्मनाक बतवले रहस। रोहित अतवार के न्यूजीलैंड के खिलाफ चैंपियंस ट्रॉफी मुकाबला में 17 गेना पs 15 रन बनाकर आउट भइलें आ कांग्रेस प्रवक्ता के बयान एही के बाद आइल रहे, जवना के लेके विवाद बढ़ते जा रहल बा।
कवना बयान पs हो रहल बा विवाद?
कांग्रेस प्रवक्ता डॉ. शमा मोहम्मद अतवार के भारत आ न्यूजीलैंड के मैच के दौरान सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट साझा कइले रहली। एह पोस्ट में कांग्रेस नेता लिखली कि ‘रोहित शर्मा एगो मोट खिलाड़ी हवे! ऊ आपन वजन कम करे के जरूरत रहे। बेशक ऊ भारत के अभी तक के सबसे बेअसर कप्तान हवे।’ शमा के एह पोस्ट प यूजर्स भड़क गइलें। एगो पाकिस्तानी खेल पत्रकार कांग्रेस नेता के एह पोस्ट पs नाराजगी जाहिर कइलें आ रोहित शर्मा के विश्वस्तरीय खिलाड़ी बतवलें। विवाद बढ़त देख कांग्रेस नेता अपना सोशल मीडिया पोस्ट के डिलीट कs देली। तृणमूल कांग्रेस नेता सौगत रॉय कांग्रेस नेता के समर्थन करत कहलें कि ऊ बिल्कुल ठीक कहले बाड़ी। रोहित के तs टीम में होखही के ना चाहीं।
मांडविया कांग्रेस-टीएमसी के लतड़लें
मांडविया एह विवाद पs आपन राय रखत एक्स पs लिखले रहस, ‘कांग्रेस आ टीएमसी के खिलाड़ियन के अकेला छोड़ देवे के चाहीं काहेकि ऊ लोग अपना निजी जिनगी के संभारे में सक्षम बाड़ें। एह तरे के टिप्पणी हमनी के खिलाड़ियन के ओर से वैश्विक मंच पs देस के प्रतिनिधित्व करे खातिर कइल जाये वालस कड़ा मेहनत आ त्याग के कमजोर करेला। एह पार्टियन के नेता के ओर से खिलाड़ी के देह के लेके कइल गइल टिप्पणी आ टीम में जगह के लेके उठावल गइल सवाल ना खाली बहुते शर्मनाक बा बलुक पूरा तरे से दयनीय बा।’