श्रेयस अय्यर के मिलल ICC के तरफ से इs खास अवॉर्ड, एह खिलाड़ियन के छोड़ले पीछे

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 15, 2025

स्टार भारतीय बल्लेबाज श्रेयस अय्यर के आईसीसी से मार्च 2025 खातिर महीना के खिलाड़ी के पुरस्कार मिलल बा.भारत के ई मिडिल ऑर्डर बल्लेबाज न्यूजीलैंड के जैकब डफी आ रचिन रविंद्र के छोड़ के ई प्रतिष्ठित

Share

श्रेयस अय्यर

स्टार भारतीय बल्लेबाज श्रेयस अय्यर के आईसीसी से मार्च 2025 खातिर महीना के खिलाड़ी के पुरस्कार मिलल बा.भारत के ई मिडिल ऑर्डर बल्लेबाज न्यूजीलैंड के जैकब डफी आ रचिन रविंद्र के छोड़ के ई प्रतिष्ठित पुरस्कार जीतले बाड़न. अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) मंगल का दिने एह बात के एलान कइलसि. चैंपियंस ट्रॉफी में बल्लेबाजी का साथे अय्यर शानदार प्रदर्शन कइले रहले. एह टूर्नामेंट में ऊ 243 रन बनवले आ भारत खातिर सबले बेसी रन बनावे वाला रहलें. श्रेयस अय्यर एह टूर्नामेंट में बहुते महत्वपूर्ण पारी खेलले आ टीम इंडिया के चैंपियंस ट्रॉफी जीते में बहुते बड़हन भूमिका निभवले.

पुरस्कार मिलला के बाद श्रेयस आपन दिल के बात कहले

आईसीसी श्रेयास अय्यर के प्रतिक्रिया अपना आधिकारिक वेबसाइट पss सभका से साझा कइले बिया. आईसीसी से ई पुरस्कार मिलला के बाद अय्यर कहले कि मार्च महीना खातिर आईसीसी के पुरुष मैच के बेहतरीन खिलाड़ी चुनल गइला से ऊ बहुते सम्मानित महसूस करत बाड़न. ई अविश्वसनीय रूप से खास बा, खास कर के ओह महीना में जहाँ हमनी के आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी उठवले बानी जा – एगो अइसन पल जवना के हमनी के हमेशा खातिर संजो के राखब जा.

चैंपियंस ट्रॉफी में श्रेयस अय्यर के प्रदर्शन के बात कइल जाव तs न्यूजीलैंड के खिलाफ ग्रुप स्टेज के मैच में ऊ 79 गेंद में 98 रन के पारी खेलले जवना में 4 गो चौका आ दू गो छक्का शामिल रहल. एकरा बाद आस्ट्रेलिया के खिलाफ सेमीफाइनल में 45 गेंद में 62 रन के महत्वपूर्ण पारी खेलले। चैंपियंस ट्रॉफी के आखिरी मैच में श्रेयास अय्यर न्यूजीलैंड का खिलाफ 48 गेंद में 62 रन बनवले आ भारत के चैंपियन बनावे में बहुते बड़हन भूमिका निभवले.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.