गृहमंत्री शाह आ सीएम योगी आज काशी में होईहे, पीएम के रोड शो के तैयारी के संबंध में बैठक करीहे।

By Anurag Ranjan

Published on: May 11, 2024

काशी में पीएम मोदी के रोड शो के तइयारी पूरा जोर शोर से चलत बा । सुरक्षा के विस्तृत इंतजाम करे के संगे-संगे रोड शो के भव्य स्वागत के तैयारी कइल जाता। एह क्रम में

Share

काशी में पीएम मोदी के रोड शो के तइयारी पूरा जोर शोर से चलत बा । सुरक्षा के विस्तृत इंतजाम करे के संगे-संगे रोड शो के भव्य स्वागत के तैयारी कइल जाता। एह क्रम में गृहमंत्री अमित शाह आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आज यानी शनिचर का दिने शहर में होखीहें । तइयारी के लेके बइठक करीहें ।

शनिचर का दिने गृहमंत्री अमित शाह आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शहर में रहीहे । प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के रोड शो के तइयारी के लेके नादेसर के एगो निजी होटल में बइठक करीहें । एह बइठक में रोडशो के रूट प भी चर्चा होई।

काशी में पीएम मोदी के रोड शो के तइयारी पूरा जोर शोर से चलत बा । सुरक्षा के विस्तृत इंतजाम करे के संगे-संगे रोड शो के भव्य स्वागत के तैयारी कइल जाता। एह क्रम में गृहमंत्री अमित शाह आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आज यानी शनिचर का दिने शहर में होखीहें। तइयारी के लेके बइठक करीहें । शनिचर के दिने गृहमंत्री अमित शाह आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शहर में रहीहें । प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के रोड शो के तइयारी के लेके नादेसर के एगो निजी होटल में बइठक करीहें । एह बइठक में रोडशो के रूट प भी चर्चा होई।

एकरा अलावे प्रधानमंत्री के ठहरल आ उनकर कार्यक्रम आ उनका नामांकन में प्रस्ताव देवे वाला के नाम प चर्चा होई। एकरा अलावे दश्वमेध घाट प होखेवाला गंगा आरती आ ड्रोन शो कार्यक्रम में गृहमंत्री आ मुख्यमंत्री के भाग लेवे के संभावना बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के 13 मई के रोड शो बा आ उ 14 मई के नामांकन दाखिल करीहे।

प्रधानमंत्री के रोड शो के रूट लगभग तय हो चुकल बा। बाकिर समर्थकन के नाम अबहीं मंजूरी नइखे मिलल । एह तइयारी का साथे शनिचर का दिने गृहमंत्री अमित शाह आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आवत बाड़न । नादेसर में स्थित एगो निजी होटल में दू गो बइठक करीहें । एह बइठक में प्रधानमंत्री के दू दिन के कार्यक्रम के रूपरेखा तइयार कइल जाई ।तय हो गइल बा कि प्रधानमंत्री मालवीय जी के मूर्ति के माला लगा के रोड शो के शुरुआत करीहें । बाकी वापसी के रास्ता अभी तक तय नइखे भइल। शनिचर के होखे वाला बइठक में एह प भी चर्चा होई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.