अमित शाह आ राजा भैया के बीच देर रात भइल अहम मुलाकात, UP में होखे वाला बा कवनो बड़ खेल?

By Anurag Ranjan

Published on: May 6, 2024

Loksabha election: लोकसभा चुनाव के देखत देश में सियासी माहौल गर्म बा। एही बीच केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह आ जनसत्ता दल (लोकतांत्रिक) के मुखिया आ कुंडा विधायक रघुराज प्रताप सिंह उर्फ राजा भैया के

Share

Loksabha election: लोकसभा चुनाव के देखत देश में सियासी माहौल गर्म बा। एही बीच केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह आ जनसत्ता दल (लोकतांत्रिक) के मुखिया आ कुंडा विधायक रघुराज प्रताप सिंह उर्फ राजा भैया के बेंगलुरू में मुलाकात भइल बा। अइसन खबर सामने आइल बा कि गृह मंत्री शाह आ राजा भैया के बीच अबही एक राउंड के ओर बातचीत होई।

दुनु आदमी के बीच का बातचीत भइल ?

मिली जानकारी के अनुसार, लोकसभा चुनाव में राजा भैया आ उनका प्रभाव वाली सीट पs कवना तरे से भाजपा जीत दर्ज कऽ सके एह मामला पs नेता लो के बीच बात भइल बा। साथही ठाकुरन के नाराजगी के मुद्दा कइसे सुलझावल जाए, एपर दुनु जाना चर्चा कइले। बता दी कि सियासी गलियारन में अइसन चर्चा बा कि यूपी में पहिलका दू चरण के मतदान में ठाकुरन के नाराजगी के वजह से भाजपा के नुकसान हो सकत बा। उहे, राजा भैया यूपी के बड़े ठाकुर नेता मानल जाले। अइसन में आवा वाला चरण में भाजपा के ठाकुरन के नाराजगी बा झेले के पड़े, एहिसे पार्टी हर तरह के कोशिश कर रहल बिया।

 बीतल दिनन राजा भैया देले रहले कार्यकर्ता लो के नसीहत!

बता दी कि एही बीच राज भैया के कार्यकर्ता लो पार्टी के लेकर बयानबाजी करत रहे, जेकरा बाद उनका लो के नसीहत दिहल गइल। पार्टी X (पूर्व में ट्विटर) पs पोस्ट करत घरी कहलस, ” विगत 3 से 4 दिनन से देखल जा रहल बा कि जनसत्ता दल के कुछ काकर्ता सोशल मीडिया आ कई वॉट्सऐप ग्रुपन में कवनो आउर दल के साथे संभावित गठबंधन के चर्चा कर आ अनुशासन में ना रह के बयानबाजी कर रहल बाड़े। सभे आग्रह बा कि जनसत्ता दल के कवनो गठबंधन में शामिल होखे बा ना होखे जइसन मुद्दन पs कवनो प्रकार के अनावश्यक टिप्पणी, कयास लगावे भा प्रकार के मीडिया बाइट देवे बांचस।”

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.