गोरखपुर के बेलघाट थाना क्षेत्र के सोपाई गांव के एगो युवक के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल। बतावल जाता कि अतवार के सांझ मरेवाला अभिषेक चंद उर्फ चंचल गांव से गोरखपुर सिंघड़ियां मंगलिक कार्यक्रम में शामिल होखे आईल रहले। एही बीच गांव के कुछ लोग से विवाद हो गईल।
गांव वापसी के दौरान गांव के नजदिक मनबढ़ गोली मार देले। गांव के लोग चंचल के घायल हालत में अस्पताल में भर्ती करवले। बतावल जाता कि एs विवाद में चंचल के तीन गोली लागल बा। तीनों गोली माथा पs लागल रहे।
शिकायत के आधार पs परिवार ओही गांव के मनवेंद्र सिंह, ज्ञानेन्द्र सिंह अतुल सिंह के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले बा।
इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा