[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: नगर निगम परिसर में बनी कांम्प्लेक्स आ ऑडिटोरियम

नगर निगम भवन - फोटो : स्त्रोत- एक्स
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। सांस्कृतिक कार्यक्रमन खातिर नगर निगम परिसर में ऑडिटोरियम बनावल जाई। एकरा संगही उहां एगो शॉपिंग कॉम्प्लेक्सो बनी, जेमे बेवसायिक गतिविधि संचालित होई। स्मार्ट सिटी परियोजना के तहत 36 करोड़ रुपिया के लागत से नगर निगम एकर निर्माण कराई।

एकर डीपीआर बनाके शासन के भेज दिहल गइल बा। स्वीकृति के बाद एकर निर्माण सुरू हो जाई। नगर निगम नवीन भवन के सामने पोखरा के लगे निगम के कुछ जमीन खाली बा। एही पs एगो मिनी कॉम्प्लेक्स आ ऑडिटोरियम बनावे के योजना बनावल गइल बा।

इहां जाए खातिर एगो शास्त्री चौक से रास्ता होई, जबकि दूसरका रास्ता नगर निगम परिसर से होके जाई। कॉम्प्लेक्स के बेसमेंट में पार्किंग होई। भूतल पs 16 गो दुकान होई, जेकरा के किराया पs दिहल जाई। पहिला तल पs 10 गो ऑफिस बनावल जाई। एकरा के किराया पs देवे के तइयारी बा। दूसरका तल पs 300 लोगन के क्षमता के एगो ऑडिटाेरियमो बनी। एकर उपयोग शहर के लोगो कs सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]