गोरखपुर : खजनी थाना क्षेत्र के निर्माणाधीन एक्सप्रेस-वे भगवानपुर गोरखपुर टोल प्लाजा से 200 मीटर पहिले सड़क हादसा हो गइल। प्रयाग, महाकुंभ से लवट रहल चार पहिया वाहन आ प्रयाग महाकुंभ जा रहल एगो कार के आमने-सामने से भिड़ंत हो गइल।
एह दौरान एगो कार के पीछे से आ रहल बाइक तेजी से आके गाड़ी से टकरा गइल। एमे बाइक सवार दु लोगन के मौत हो गइल आ कार में बइठल तीन लोग घायल हो गइल बा। दुनो मृतकन के पहचान पीपीगंज के राजावारी के अवधेश सिंह (48) पुत्र कमला सिंह आ जसवल के धनेश जायसवाल (45) पुत्र विशेसर जायसवाल के रूप में भइल।
घायलन के पहचान नेपाल काठमांडू के लक्ष्मी, ऊषा दीक्षित आ अवधेश के रूप में भइल। घायलन के पुलिस आ ग्रामीण सीएचसी पs भेजवावल लो। दुनो शव के कब्जा लेके पुलिस पोस्टमार्टम खातिर भेजवा देलस।