[the_ad_group id="30365"]

चेन्नई एयरपोर्ट पs बड़ हादसा टलल, दुबई जा रहल विमान में उड़ान से पहिले निकले लागल धुआं

चेन्नई एयरपोर्ट पs बड़ हादसा टलल: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

चेन्नई हवाई अड्डा पs आजु एगो बड़हन हादसा टल गइल बा. दुबई जाए वाला विमान में टेक ऑफ से पहिले ही इंजन से धुआं निकले लागल। जानकारी के मुताबिक, काल्हु रात चेन्नई-दुबई एमिरेट्स के उड़ान के रवाना होखे से पहिले विमान के पीछे वाला हिस्सा से धुआं निकले लागल। जवना के वजह से उहाँ अराजकता के माहौल बन गईल| दुर्घटना के समय विमान में कवनो यात्री मौजूद ना रहले। असल में इs दुर्घटना टेक ऑफ से कुछ समय पहिले भईल रहे।

चेन्नई अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा से एमिरेट्स के उड़ान मंगल के रात 9.50 बजे दुबई खातिर उड़ान भरे वाला रहे। एकरा कुछ देर पहिले इंजन से ओवरफिलिंग के चलते अचानक धुआं निकले लागल। एह उड़ान में 300 से अधिका यात्री के यात्रा करे के रहले। दमकलकर्मी मौका पs पहुंच के स्थिति के काबू में कs लेले। एह दुर्घटना के चलते उड़ान में करीब 2 घंटा के देरी हो गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]